टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

आस्था पs भीषण गरमी के असर: अयोध्या में दोगुना घटलें रामलला के दर्शनार्थी, रामपथ पs सन्नाटा जइसन इस्थिति

02:08 PM May 31, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

नौतपा के चलते पड़ रहल भीषण गरमी के असर अयोध्या के धार्मिक पर्यटन पs देखे के मिल रहल बा। रामलला के दर्शनार्थियन के आंकड़ा एकर गवाही दे रहल बा। बुध के जिला में अधिकतम तापमान 43 डिग्री सेल्सियस रहल, जबकि बियफे के तापमान 42 डिग्री रहल। एकरा चलते श्रद्धालु कम आ रहल बा लो। एक दिन में जहां डेढ़ लाख श्रद्धालु रोजाना रामलला के दर्शन करत रहे लो। ओहिजा, पिछला दु दिनन में रामलला के दरबार में महज 1.15 लाख श्रद्धालु हाजिरी लगवले बा लो।

Advertisement

श्रद्धालुअन के संख्या कम होखे के पीछे भीषण गरमी के कारण बतावल जा रहल बा। बियफे के रामजन्मभूमि पथ के सामने से गुजरे वाला रामपथ पs सन्नाटा जइसन इस्थिति रहल। बिड़ला धर्मशाला के लगे जहां तिल रखे के जगह ना होत रहे, उहां सबेरे 11:30 बजे सन्नाटा पसरल रहल। बतावल जा रहल बा कि भीषण गरमी के चलते रोजाना दर्जनन श्रद्धालु रामजन्मभूमि पथ आ हनुमानगढ़ी जाये वाला भक्तिपथ पs गश खाके गिर रहल बा लो।

बियफे के दुपहरिया करीब 2:15 बजे एगो महिला श्रद्धालु रामजन्मभूमि पथ पs गश खाके गिर गइल। उनका के इलाज के लिए श्रीराम अस्पताल पहुंचाया गया। बुध के रामलला के दरबार में मात्र 65,282 श्रद्धालु हाजिरी लगवले रहे लो, तs बियफे के ई संख्या घटके 50,115 पहुंच गइल। हालांकि, ट्रस्ट के ओर से श्रद्धालुअन खातिर पेयजल आ छाया के बेहतर इंतजाम कइल गइल बा। दर्शन मार्ग पs कूलर आ पंखा लगावल गइल बा। श्रद्धालुअन के ओआरएस के पैकेट बांटल जा रहल बा।

साभार: अमर उजाला

Tags :
Ayodhya NewsBhojpuri NewsHeat Wave EffectMany Eefected Due To High TemperatureRam MandirVisitors of Ramlala Down
Advertisement
Next Article