टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

न्याय यात्रा: अखिलेश कहले-'नफरत करे वालन के मोहब्बत सिखा देवेला, ई आगरा हऽ जनाब, जवन दिलन के मिला देवेला'

05:56 PM Feb 25, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

भारत जोड़ो न्याय यात्रा में अखिलेश भाजपा के निशाने पऽ लिहले कहले कि 'नफरत करे वालन के मोहब्बत सिखा देवेला, ई आगरा हऽ जनाब, जवन दिलन के मिला देवेला'

Advertisement

उत्तर प्रदेश के आगरा में ऐतवार के राहुल गांधी के भारत जोड़ो न्याय यात्रा आयोजित भइल। एमें सपा मुखिया अखिलेश यादवो हिस्सा लिहले । ए मौके पऽ उऽ शायराना अंदाज में भाजपा के निशाने पऽ लेले। कहले कि आगरा मोहब्बत के नगरी हऽ , इहाँ से पूरा देस में मोहब्बत के संदेश जाए के चाहीं।

अखिलेश आगरा में भाजपा हटाव, संविधान बचाव ,देश बचाव के नारा दिहले। कहले कि भाजपा पेपर लीक करे वाली पार्टी हिय। भाजपा के नेता देश में नफरत फइलावे के काम कर रहल बा। नौजवानन के रोजगार नइखे। जवान डिग्री जरावे पऽ मजबूर बा। ई लोग किसानन खातिर काला कानून लेके आवऽत बा। अब भाजपा के विदाई तय बा। इंडिया गठबंधन के सरकार बनीं।

भारत जोड़ो न्याय यात्रा के शुरुआत टेड़ी बगिया से भइल। एमें शामिल होखे खातिर राहुल गांधी अलीगढ़ होत आगरा पहुंचले। ओहिजा समाजवादी पार्टी के मुखिया अखिलेश यादवो एमें हिस्सा लेवे खातिर आगरा पहुंचले। अइसे में टेड़ी बगिया पऽ समाजवादी लो होर्डिंग आ बैनर से पूरा रोड़ पाट देलस। यात्रा राहुल गांधी के रहें , बाकिर रंग समाजवादी के खिलल-खिलल नजर आइल।

Tags :
AgraAkhilesh Yadavbharat jodo yatraBjpCongressRahul gandhiSamajwadi PartyUttar Pradesh poltics
Advertisement
Next Article