For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

डीडीयू: शांतिपूर्ण माहौल में चल रहल बा विषम सेमेस्टर के परीक्षा, 4 के होखे वाला परीक्षा अब 8 के

09:15 PM Dec 02, 2024 IST | Anurag Ranjan
डीडीयू  शांतिपूर्ण माहौल में चल रहल बा विषम सेमेस्टर के परीक्षा  4 के होखे वाला परीक्षा अब 8 के
डीडीयू के कला संकाय में विषम सेमेस्टर परीक्षा के दौरान सोमार के निरीक्षण करत कुलपति प्रो. पूनम टंडन
Advertisement

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय आ एकरा से संबद्ध महाविद्यालयन में सोमार के आयोजित विषम सेमेस्टर के परीक्षा शांतिपूर्ण आ सुचारू रूप से संपन्न भइल। एह दौरान बड़ संख्या में विद्यार्थियन के उपस्थिति रहल। ओहिजा, चार तारीख के होखे वाला परीक्षा अब आठ के आयोजित कइल जाई।

Advertisement

28 परीक्षार्थी छोड़ल लो परीक्षा

विश्वविद्यालय से मिलल सूचना के मोताबिक पहिला पाली में कुल 1610 परीक्षार्थी भाग लिहल लो, जेमे 405 छात्र आ 1205 छात्रा सामिल रहे लो। ओहिजा, दुसरका पाली में 2545 परीक्षार्थी परीक्षा दिहल लो, जेमे 574 छात्र आ 1971 छात्रा सामिल रहे लो। तिसरका पाली में आज कवनो परीक्षा निर्धारित ना रहे। एह तरे कुल 4155 परीक्षार्थियन में से 28 अनुपस्थित रहल लो, जेमे 10 छात्र आ 18 छात्रा रहे लो। परीक्षा नियंत्रक कार्यालय जानकारी देलस कि पंजीकृत परीक्षार्थिन के कुल संख्या में छात्रा लोगन के अनुपात जादे रहल, जवन 3176 रहे, जबकि छात्रन के संख्या 979 रहल।

कुलपति निरीक्षण कइली

विश्वविद्यालय के कुलपति प्रोफेसर पूनम टंडन कला संकाय भवन में संचालित परीक्षा केंद्र के निरीक्षण कइली। निरीक्षण के दौरान ऊ परीक्षा प्रक्रिया के निगरानी कइली आ परीक्षा केंद्र पs उपलब्ध बेवस्थन के जायजा लेली। ऊ उपस्थित पर्यवेक्षकन, कर्मचारियन आ आउर अधिकारियन से संवाद कइली आ परीक्षा प्रक्रिया में पारदर्शिता आ अनुशासन बना के रखे खातिर ओह लोगन के सराहना कइली।

4 के होखे वाला परीक्षा अब 8 के

ओहिजा एगो महत्वपूर्ण फैसला लेत विश्वविद्यालय प्रशासन 4 दिसंबर के होखे वाला परीक्षा के तिथि में बदलाव कइले बा। अब ई परीक्षा 8 दिसंबर 2024 के आयोजित होई। छात्रन के एह बदलाव से अवगत करावल जा रहल बा। परीक्षा केंद्रन पs सब जरूरी बेवस्था कइल जा रहल बा।

Tags :
Advertisement