For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Odisha New CM: मोहन चरण माझी होइहें ओडिशा के नया सीएम, काल्ह साँझि खा पांच बजे होई शपथ ग्रहण

08:41 PM Jun 11, 2024 IST | Sonu Kishor
odisha new cm  मोहन चरण माझी होइहें ओडिशा के नया सीएम  काल्ह साँझि खा पांच बजे होई शपथ ग्रहण
Advertisement

Mohan Manjhi: मोहन चरण माझी ओडिशा के नया मुख्यमंत्री होइहें। भुवनेश्वर में पार्टी विधायकन के बइठक में उनका के सभका सहमती से नेता चुना गइल। बीजेपी ओडिशा में सरकार गठन खातिर केंद्रीय रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आ भूपेंद्र यादव के पर्यवेक्षक नियुक्त कइल गइल रहे। ओडिशा में बीजेपी पहिला बेर सरकार बना रहल बिया।

Advertisement

12 जून के ओडिशा के नया मुख्यमंत्री पद के शपथ ग्रहण करिहें। मोहन चरण माझी के साथे दू गो विधायक डिप्टी सीएम के शपथ ग्रहण करिहें। डिप्टी सीएम खातिर केवी सिंह देव आ पार्वती परीदा के नांव तय कइल गइल बा। ई दुनु नेता मुख्यमंत्री पद के दौड़ में शामिल रहले। बीजेपी विधायक दल के नेता के चुनाव करे खातिर रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह के साथे भूपेंद्र यादव के पर्यवेक्षक नियुक्त कइले रहे।

पहिला बेर ओडिशा में बीजेपी सरकार

बीजेपी ओडिशा में पहिला बेर सरकार बना रहल बिया। अइसे में मोहन चरण माझी के राज्य में बीजेपी के पहिला मख्यमंत्री बने के गौरव हासिल भइल बा। विधानसभा चुनाव में बीजेपी अकेले 78 सीट हासिल कइले बिया। 147 सदस्यन वाली विधानसभा में बहुमत के आंकड़ा 74 सदस्यन के बा। पिछला 24 सालन से राज्य के सत्ता पs काबिज बीजू जनता दल के 51 सीट मिलल बा, जबकि कांग्रेस के 14 सीट मिलल बा। मोहन चंद्र माझी के शपथ ग्रहण खातिर बुधवार के पांच बजे के समय निर्धारित कइल गइल बा। मोहन चरण माझी आदिवासी समुदाय से आवेले। उऽ मुख्यमंत्री पद के दौड़ में शामिल तमाम दावेदारन में सबसे कम उमिर के बाड़े। माझी के उमिर 53 साल बा।

डिप्टी सीएम बने के मिलल मौका

1. केवी सिंह देव: 67 साल के बीजेपी के वरिष्ठ नेता लो में शामिल बाड़े। उऽ छह बेर विधायक के साथे मंत्रीयो रह चुकल बाड़े। केवी सिंह बीजेपी-बीजेडी गठबंधन सरकार के दौरान 2000 से 2009 तक उद्योग, आवास आ शहरी विकास, सार्वजनिक उद्यम जइसन महत्वपूर्ण विभागन के मंत्री रहले। उऽ 1995 में भाजपा के टिकट पs पटनागढ़ विधानसभा सीट से जीत के चुनावी राजनीति में पदार्पण कइले रहले। उऽ राज परिवार से आवेले।

2. पार्वती परीदा: पार्वती परीदा बीजेपी की विधायक हई। ओडिशा में उऽ पार्टी के काफी जानल पहचानल चेहरा बाड़ी। परीदा संगठन में कार्य कऽ चुकल बाड़ी।

शपथ ग्रहण में अइहें पटनायक

ओडिशा में आपन पहिलका सरकार के शपथ ग्रहण खातिर बीजेपी बीजद अध्यक्ष आ निवर्तमान मुख्यमंत्री नवीन पटनायक के न्योता देले बिया। समारोह के पहिलका निमंत्रण कार्ड भगवान जगन्नाथ के दिहल गइल रहे। भाजपा ओडिशा इकाई के अध्यक्ष मनमोहन सामल के नेतृत्व में पांच सदस्यीय प्रतिनिधिमंडल पटनायक के आवास नवीन निवास गइले आ। उनका के बुधवार शाम पांच बजे होखे वाला शपथ ग्रहण समारोह में शामिल होखे खातिर औपचारिक रूप से आमंत्रित कइले। सामल के साथ सुरेश पुजारी, बसंत पांडा, समीर मोहंती आ नित्यानंद गोंड जइसन वरिष्ठ नेता लो रहे।

Tags :
Advertisement