टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Ruksana Bano Dies: लोकप्रिय गायिका रुखसाना बानो के निधन, मात्र 27 साल के रहली, परिजन लगावल लो जहर देवे के आरोप

11:33 AM Sep 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Ruksana Bano - फोटो : Instagram/@RUKSANABANO
Advertisement

लोकप्रिय संबलपुरी गायिका रुखसाना बानो के निधन हो गइल बा। भुवनेश्वर के अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) भुवनेश्वर में इलाज के दौरान ऊ दम तुड़ देली। हालांकि, अस्पताल के अधिकारी लोग बतावल कि 27 साल के रुखसाना के जीवाणु के कारण होखे वाला रोग 'स्क्रब टाइफस' के इलाज कइल जात रहे। ओह लोगन के ओर से बुध के रात भइल उनकर मौत के कारण अभी ले नइखे बतावल गइल।

Advertisement

रुखसाना के मां आ बहिन आरोप लगवलस कि उनका के पश्चिमी ओडिशा के उनकर एगो प्रतिद्वंद्वी गायक जहर देले बा। हालांकि, जब ओह लोगन से ओकर नाम पूछल गइल तs ऊ कलाकार के पहचान उजागर करे से इनकार कs देलस। ऊ दावा कइल कि रुखसाना के पहिलहूं धमकी मिलल रहे। करीब 15 दिन पहहिले बोलनगीर में शूटिंग के दौरान जूस पियला के बाद रुखसाना बेमार पड़ गइली। उनका के 27 अगस्त के भवानीपटना के एगो अस्पताल में भरती करावल गइल रहे।

उनकर बहिन रूबी बानो संवाददाता लोगन के बतावल लो कि जानकारी के मोताबिक, करीब 15 दिन पहिले रुखसाना बोलनगीर में शूटिंग के दौरान जूस पियला के बाद बेमार पड़ गइल रहली। उनका के 27 अगस्त के भवानीपटना के एगो अस्पताल में भरती करावल गइल रहे। प्रारंभिक उपचार के बाद उनका के बोलनगीर के भीमा भोई मेडिकल कॉलेज आ अस्पताल में रेफर कs दिहल गइल आ बाद उनकर हालत बिगड़ला पs बरगढ़ के एगो निजी अस्पताल ले जाइल गइल।

बाद में जब हालत में सुधार ना भइल तs उनका के एम्स भुवनेश्वर ले जाइल गइल। रुखसाना के मां एही तरे के दावा करत एगो वीडियो सनेस जारी कइल गइल रहे। ई वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsBhuvneshwar AIIMSFamous Singer DiesRuksana Bano Dies
Advertisement
Next Article