For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Lok Sabha Speaker: ओम बिरला चुनल गइलें लोकसभा के अध्यक्ष; प्रधानमंत्री मोदी, रिजिजू आ राहुल गांधी आसन तक लेके गइल लो

12:08 PM Jun 26, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
lok sabha speaker  ओम बिरला चुनल गइलें लोकसभा के अध्यक्ष  प्रधानमंत्री मोदी  रिजिजू आ राहुल गांधी आसन तक लेके गइल लो
Advertisement

भाजपा सांसद आ राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन के उम्मीदवार ओम बिरला लोकसभा के अध्यक्ष चुनल गइलें। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी उनका नाम के प्रस्ताव रखलें। केंद्रीय मंत्री अमित शाह, राजनाथ सिंह सहित कइयन दिग्गज एह प्रस्ताव के समर्थन कइल। विपक्ष के ओर से के. सुरेश के नाम के प्रस्ताव रखल गइल। एकरा बाद प्रोटेम स्पीकर भर्तृहरि महताब सदन के कार्यवाही आगे बढ़ावत प्रस्ताव के सभका सामने रखलें।

Advertisement

ध्वनिमत के आधार पs ऊ ओम बिरला के लोकसभा अध्यक्ष के जिम्मेदारी संभारे खातिर आमंत्रित कइलें। एह दौरान खास बात इहो रहल कि आम बिरला के आसन तक ले जाये खातिर पीएम मोदी आ संसदीय कार्य मंत्री किरेन रिजिजू के संगे नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी संगे अइलें। राहुल के बीतल रात कांग्रेस नेता प्रतिपक्ष घोषित कइले बिया।

ओम बिरला सबसे सक्रिय सांसदों में रहल बाड़ें, स्पीकर के रूप में कड़ा फैसला लेवे खातिर जानल गइलें। राजस्थान के कोटा से तीन बेर के सांसद ओम बिरला राजस्थान में तीन बार विधायको रह चुकल बा। भाजयुमो के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष रहल बाड़ें। बतौर सांसद पहिला कार्यकाल में 86 फीसदी उपस्थिति के संगे 671 प्रश्न आ 163 बहसन में भागीदारी  कइले रहस। 2019 में दूसरका बेर सांसद बनला पs लोकसभा अध्यक्ष बनावल गइलें। बिरला के कार्यकाल में नया संसद भवन के निर्माण भइल। तीन आपराधिक कानून, अनुच्छेद 370 के हटाने, नागरिकता संशोधन अधिनियम सहित कइयन गो ऐतिहासिक कानून पारित भइल। ऊ लोकसभा के 100 सांसदों के निलंबन आ संसद के सुरक्षा पs कुछ कड़ा फैसला लेलें।

बिरला के नाम दर्ज होई ई रिकॉर्ड

पांचवां बेर अइसन हो रहल बा कि कवनो अध्यक्ष एगो लोकसभा से जादे कार्यकाल तक एह पद पs आसीन रही। कांग्रेस नेता बलराम जाखड़ एकमात्र अइसन पीठासीन अधिकारी रहलें, जे सातवीं आ आठवीं लोकसभा में दुगो कार्यकाल पूरे कइले बा।

बता दीं कि कांग्रेस मंगर के रात के राहुल गांधी के लोकसभा के नेता प्रतिपक्ष चुनलें। 16वीं लोकसभा में कांग्रेस के 44 आ 17वीं में 52 सांसद जीतेल रहे लो। अबकी बेर पार्टी के 99 सांसद जीतल बा लो। हालांकि राहुल गांधी के ओर से वायनाड सीट खाली कइला से ई संख्या 98 रह गइल बा। एकरा बावजूद नेता प्रतिपक्ष के पद हासिल करे खातिर ई पर्याप्त बा।

Tags :
Advertisement