For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

राजभर बोलले: जदि सपा आजम खान के हितैषी रहे तऽ उनका के फंसवलस काहे

03:18 PM Sep 21, 2024 IST | Sonu Kishor
राजभर बोलले  जदि सपा आजम खान के हितैषी रहे तऽ उनका के फंसवलस काहे
कैबिनेट मंत्री ओम प्रकाश राजभर
Advertisement

उत्तर प्रदेश के पंचायती राज अउरी अल्पसंख्यक कल्याण मंत्री ओम प्रकाश राजभर आजम खान के लेके समाजवादी पार्टी के निशाना बनवले। उऽ कहले कि आजम खान जवना मामला में फंसल बाड़े उऽ सपा के शासन के मामला बा। जदि सपा उनकर शुभचिंतक रहे तऽ उऽ काहे फंस गइले? सरकार उनकर रहे, सब अधिकारी उनकर रहले। अगर हमनी के कानून के दायरा में काम कइले रहतीं जा तऽ आज इ इस्थिति ना पैदा होइत।

Advertisement

ओम प्रकाश राजभर शनिचर के बरेली पहुंचले। उ यूनानी मेडिकल कॉलेज के निरीक्षण कइले। प्रेस कांफ्रेंस में राजभर कहले कि एक ओर राहुल गांधी अमेरिका में कहतारे कि उऽ आरक्षण खतम कऽ दिहें, तऽ दोसरा ओर सपा नेता अखिलेश यादव कहतारे कि उऽ आरक्षण खतम ना करे दिहें। दुनो नेता के इ तय करे के चाही कि उऽ लोग का करीहें। कहलन कि का आरक्षण खतम कइल मजाक हऽ? संविधान के खतम कइल केहु के बस में नइखे।

सत्तापक्ष के उपचुनाव होला- राजभर 

उपचुनाव पs राजभर कहले कि विपक्ष के मालूम बा कि सत्ताधारी पार्टी के उपचुनाव होखेला। जनतो के  इ बात मालूम बा। एही से जनता सरकार के साथ रहल चाहत बिया। उऽ कहले कि कुछ दल राज्य में दंगा चाहऽतारे। अगर बवाल होई तऽ ओह लोग के वोट तय हो जाई। कैबिनेट मंत्री कहले कि सरकार सबका साथ सबका विकास के नारा साकार कर रहल बिया। बिना भेदभाव के काम हो रहल बा। सफाई आ विकास पर काम हो रहल बा।

एनडीए सरकार में होई जाति जनगणना

जाति जनगणना के सवाल प राजभर कहले कि लोग जातिवाद कइल चाहऽतारे। हमनी के जाति के एकजुट कऽ के ओह लोग के हिस्सा दिहल चाहत बानी जा। जब सपा, बसपा आ कांग्रेस के लोग सत्ता में रहेला तऽ ओह लोग के जाति जनगणना याद ना आवेला। तब उऽ लोग के आपन जाति के याद आवेला। उऽ कहले कि जाति जनगणना खाली एनडीए सरकार के तहत नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में होई। मंगेश यादव के मुठभेड़ पs उठल सवाल प उ कहले कि अपराधी के कवनो जाति नइखे।

Tags :
Advertisement