टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पति-पत्नी के अटूट रिश्ता के अनमोल परब करवाचौथ पs महिला लोग चांद देख तुड़ल व्रत 

10:40 AM Nov 02, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

अखिलेश कुमार सिंह। पति-पत्नी के अटूट रिश्ता आ सोहाग के प्रतीक परब करवा चौथ बुध के शहर से लेके गांवन तक में धूमधाम से मनावल गइल। पत्नी लोग अपना सोहाग के रक्षा खातिर चांद के दीदार कइल आ व्रत तुड़ल लो। समूचा क्षेत्र में एह परब के लेके लोगन में उत्साह के माहौल लउकल।

Advertisement

भारतीय नारी के समर्पण, सहजता, त्याग, महानता आ पति परायणा के व्यक्त करत एगो परब करवा चौथ। दिन भर खुद भूखल पियासल रहके रात के जब मांगे के अवसर आइल तs अपना पति के मंगलमय, सुखमय आ दीर्घायु जिनगी के याचना कइल नारी के त्याग आ समर्पण ना तs आउर का हs।

चांद के दीदार करत महिला

एगो नारी के त्याग आ परिवार के प्रति समर्पण के एही बात से देखल जा सकत बा कि ओकरा जब आ जहां मांगे के अवसर मिलल। ऊ कबो अपना खातिर कुछ ना मांगके अपना पति खातिर, अपना संतान खातिर भा अपना समूचा परिवार खातिर कुछ याचना करेले।

पुरूषन के एह बात के खास धेयान रखे के चाहीं कि जवन नारी ओह लोगन खातिर एतना कष्ट सहेले ओकरा के कष्ट ना दिहल  जाव। जवन नारी रउआ खातिर समर्पित बिया ओकरा के आउर उदास ना कइल जाव। जवन नारी अपना प्राण से बढ़के राउर सम्मान करेले ओकर सम्मान के रक्षा का प्रण जिनगी भर खातिर रउए लेवे के बा।

Tags :
Bhojpuri Newsindian festivalKarwa ChauthKarwa Chauth CelebrationWomen Observe Moon
Advertisement
Next Article