For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

OnePlus Open के आ रहल बा ई स्पेशल एडिशन, 7 अगस्त के होई लॉन्च, जानी का खास होई ?

11:26 AM Aug 04, 2024 IST | Khabar Editor
oneplus open के आ रहल बा ई स्पेशल एडिशन  7 अगस्त के होई लॉन्च  जानी का खास होई
Advertisement

OnePlus Open Apex Edition को 7 अगस्त के लॉन्च कइल जाई । आइए जाने के कि इस स्मार्टफोन में का कुछ बा खास।

Advertisement

OnePlus Open Apex Edition 7 अगस्त के भारत आ वैश्विक स्तर पर लॉन्च कइल जाई। कंपनी ई जानकारी हाल ही में देले बिया। ए शुरुआत के संगे वनप्लस स्मार्टफोन खातीर एगो नाया रंग विकल्प पेश करी। हालांकि, ई बदलाव खाली कॉस्मेटिक ना हो सकता, आधिकारिक वेबसाइट पs एगो लिस्टिंग से लागता कि ए नाया संस्करण में रैम अवुरी स्टोरेज के मामला में भी अपग्रेड मिल सकता। ध्यान देवे वाला बात बा कि वनप्लस ओपन के भारत में अक्टूबर 2023 में एकही 16GB रैम + 512GB स्टोरेज कॉन्फ़िगरेशन में पेश कइल गइल रहे।

वनप्लस के ओर से एक्स पs साझा कइल गइल टीजर के मुताबिक, वनप्लस ओपन एपेक्स एडिशन एगो नाया रंग विकल्प में आई, जवना के नाम बा क्रिमसन शैडो। जइसन कि नाँव से पता चले ला, ई वेगन लेदर के स्टाइल क्रीमसन रंग के छाया हो सके ला। कंपनी के कहनाम बा कि, ई रंग ओकरा सिग्नेचर ‘नेवर सेटल’ रेड से प्रेरित बा। ई नाया विकल्प वनप्लस ओपन के मौजूदा रंग विकल्प एमरल्ड डस्क आ वॉयजर ब्लैक के संगे जुड़ जाई।

पछिला साल लॉन्च भइल फोल्ड करे लायक स्मार्टफोन के ई शायदे कवनो अपग्रेड होई। बाकिर ई एकरा से बढ़िया संस्करण हो सकेला। हमनी के बतावत बानी सs कि वनप्लस ओपन 2 के 2025 के दूसरा तिमाही में स्नैपड्रैगन 8 जेन 4 प्रोसेसर के संगे लॉन्च होखे के खबर बा।

हालांकि वनप्लस एपेक्स एडिशन के कवनो स्पेसिफिकेशन के खुलासा नइखे कइले, बाकी संभावना बा कि मानक वनप्लस ओपन के अधिकांश आंतरिक फीचर एकरा में मौजूद होई। हालांकि एकरा में कुछ अपग्रेड भी हो सकता। ब्रांड के वेबसाइट पs वनप्लस ओपन एपेक्स एडिशन के अतिरिक्त कॉन्फ़िगरेशन वेरिएंट के लिस्टिंग से लागता कि ई जादा रैम आ इन-बिल्ट स्टोरेज के संगे आ सकता।

वनप्लस ओपन के बात कइल जाए तs ई 7.82 इंच के 2K फ्लेक्सी-फ्लूइड एलटीपीओ 3.0 एमोलेड प्राइमरी डिस्प्ले, क्वालकॉम स्नैपड्रैगन 8 जेन 2 प्रोसेसर, ऑक्सीजनओएस 13.2 सॉफ्टवेयर, 48MP + 64MP + 48MP रियर कैमरा सेटअप, 20MP फ्रंट कैमरा अवरू 4,800mAh बैटरी के संगे आवेला ।

Tags :
Advertisement