For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

प्रधानमंत्री बाल वीरता पुरस्कार खातिर ऑनलाइन आवेदन सुरू : 31 जुलाई तक भरल जाई फॉर्म, 5 से 18 साल के लईका ले सकत बा लो भाग

01:43 PM May 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
प्रधानमंत्री बाल वीरता पुरस्कार खातिर ऑनलाइन आवेदन सुरू   31 जुलाई तक भरल जाई फॉर्म  5 से 18 साल के लईका ले सकत बा लो भाग
Advertisement

प्रधानमंत्री राष्ट्रीय बाल वीरता पुरस्कार 2024 खातिर ऑनलाइन आवेदन के प्रक्रिया सुरू कs दिहल गइल बा। आवेदन करे खातिर इक्षुक लईका 31 जुलाई तक ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लो। ऑनलाइन आवेदन खातिर लईकन के portalaward.gov.in पs ऑनलाइन आवेदन कइल जा सकत बा।

Advertisement

एह योजना के लाभ 18 बरिस तक के लईका ले सकत बा लो। लईकन के उमिर के गाड़ना 31 जुलाई तक कइल जाई। 31 जुलाई तक लईकन के उमिर 18 बरिस भा ओकरा से कम होखे के चाहीं। बिहार शिक्षा परियोजना परिषद के प्रशासी पदाधिकारी डीपीओ सहित समग्र शिक्षा के डीपीओ के सब विद्यालय के मार्गदर्शिका पुस्तिका उपलब्ध करावे के निरदेस देले बाड़ें।

सभी लईकन के ऑनलाइन आवेदन करे खातिर प्रेरित करे के निरदेस दिहल गइल बा। आवेदन के विद्यालय के प्रधानाध्यापक, पंचायत आ जिला परिषद के अध्यक्ष, जिला अधिकारी भा इसी रैंक अधिकारी, पुलिस अधीक्षक से अनुशंसित करावे के होई।

ई लईका लोग कs सकत बा आवेदन

योजना के लाभ लेवे खातिर सब बोर्ड में पढ़े वाला लईका आवेदन कs सकत बा लो। पांच बरिस से लेके 18 बरिस तक के लईका आवेदन कs सकत बा लो। एमे से ओह छात्रन के चयन कइल जाई, जवन जोखिम के समय में वीरता के प्रदर्शन कइले होखे।

Tags :
Advertisement