Tech Tips: खाली जीनियस लोग जाने ला गूगल क्रोम के ई टॉप सीक्रेट फीचर्स, चेक करी
11:25 AM Oct 29, 2024 IST
|
khabar Bhojpuri Desk
Advertisement
जदि रउआ इंटरनेट के इस्तेमाल करेनी तs गूगल क्रोम के निश्चित तौर पs इस्तेमाल करत होखेम। दुनिया के अरबन लोग आज गूगल क्रोम के इस्तेमाल कs रहल बा। गूगल क्रोम एगो ब्राउजर हs जवना के इस्तेमाल मोबाइल आ वेब दुनो यूजर्स करत बा लो। जदि हमनी के रउआ से गूगल क्रोम के कुछ शॉर्टकट पूछ लीं, तs सायद रउआ ना बता पाएम, बाकिर आज के एह खबर के पढ़े के बाद क्रोम पs रउआ मेंटेनेंस से काम करे के तरीका पूरा तरे से बदले वाला बा, काहेकि हमनी के रउआ आज गूगल क्रोम के कुछ अइसन टिप्स आ ट्रिक्स बताएम सs जवना के बारे में रउआ सायदे जानत होखेम।
Advertisement
- नया टैब खोले खातिर: Ctrl T
- टैब बंद करे खातिर: Ctrl W
- आखिरी बंद भइल टैब के खोले खातिर: Ctrl Shift T
- नया विंडो खोले खातिर: Ctrl N
- इन्कॉग्निटो मोड में नया विंडो खोले खातिर: Ctrl Shift N
- अलग टैब के बीच नेविगेट करे खातिर: Ctrl Tab या Ctrl Shift Tab
- इन्कॉग्निटो मोड में ब्राउजिंग करे खातिर Ctrl Shift N दबाईं। एह मोड में ब्राउजिंग इतिहास, कुकीज आ कैश के स्टोर ना कइल जाला।
- महत्वपूर्ण टैब्स के पिन करे खातिर टैब पs राइट-क्लिक करी आ "Pin tab" चुनीं। एकरा से टैब छोट हो जाला आ गलती से बंद ना होला।
- क्रोम के एड्रेस बार (जवना से Omnibox कहल जाला) सर्च बार के रूप में काम करेला। रउआ एमे आल्कुलेशन, यूनिट कन्वर्जन आ सीधे वेबसाइट्स के सर्च कs सकत बानी।
- गूगल क्रोम में बिल्ट-इन पासवर्ड मैनेजर होला, जे रउआ के लॉगिन क्रेडेंशियल्स के सुरक्षित रूप से स्टोर आ मैनेज करेला। रउआ एकरा के सेटिंग्स में जाके एक्सेस कs सकत बानी।
- गूगल अकाउंट से साइन इन करी आ अपना बुकमार्क्स, पासवर्ड्स, आउर एक्सटेंशन्स के सिंक करी ताकि रउआ कवनो डिवाइस पs एगो समान अनुभव प्राप्त कs सके लो। एकरा मदद से रउआ दूसरका सिस्टम पs अपना पहिले वाला सिस्टम के बुकमार्क, पासवर्ड, हिस्ट्री आदि के सिंक कs सकत बा लो।
Next Article