For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

OpenAI: मैलवेयर बनावे खातिर हैकर्स कs रहल बा लो ChatGPT के इस्तेमाल, कंपनी कइलस पुष्टि

12:50 PM Oct 17, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
openai  मैलवेयर बनावे खातिर हैकर्स कs रहल बा लो chatgpt के इस्तेमाल  कंपनी कइलस पुष्टि
Advertisement

ChatGPT लॉन्च होखला के बाद बहुते कम समय में लोकप्रिय भइल आ ओकरा बाद लगातार कइयन गो सारा एआई टूल लॉन्च भइल। एआई टूल के लेके सुरूए से एक्सपर्ट लोगन के आगाह कs रहल बा कि ई विनाशाकारी बा। एकर बड़ पैमाना पs गलत इस्तेमाल हो सकत बा। अब ChatGPT के गलत इस्तेमाल सुरू हो गइल बा।

Advertisement

कुछ दिन पहिले एगो रिपोर्ट आइल रहे जेमे कहल गइल रहे कि हैकर्स मैलवेयर तइयार करे खातिर ChatGPT के इस्तेमाल कs रहल बा लो। ओह दौरान ओपनएआई तs कुछ ना कहले रहे अब कंपनी पुष्टि कइले बिया कि हs, हैकर्स मैलवेयर के कोड के लिखे खातिर ChatGPT के इस्तेमाल कs रहल बा लो।

साइबर अपराधी अब OpenAI के मॉडल ChatGPT के तेजी से दुरुपयोग कs रहल बा लो, जवना के इस्तेमाल ऊ मैलवेयर तइयार करे, गलत जानकारी फइलावे आ स्पीयर-फिशिंग जइसन खतरनाक गतिविधियन के अंजाम देवे खातिर कs रहल बा लो।

एगो नया रिपोर्ट में खुलासा भइल बा कि 2024 के सुरुआत से, OpenAI दुनिया भर में 20 से जादे धोखाधड़ी वाला ऑपरेशनन के बाधित कइले बा, जे AI के दुरुपयोग कइले बा एगो चिंताजनक प्रवृत्ति के उजागर करत बा। एमे मैलवेयर बनावे आ ओकरा के ठीक करे, फर्जी सोशल मीडिया व्यक्तित्वन खातिर सामग्री तइयार करे आ प्रभावशाली फिशिंग मैसेज के तइयार करे जइसन गतिविधी सामिल बा।

OpenAI के कहनाम बा कि ओकर मिशन ई सुनिश्चित करे बा कि ओकर टूल के इस्तेमाल मानवता के लाभ पहुंचावे खातिर होखे। कंपनी कहले बा कि ऊ अपना मॉडलन के हानिकारक उद्देश्यन खातिर दुरुपयोग रोके के प्रयासन खातिर पहचाने, रोके आ बाधित करे पs ध्यान केंद्रित कs रहल बा।

Tags :
Advertisement