टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

छपरा के रास्ते गोरखपुर-रांची त्योहार स्पेशल एक नवंबर से चली, यात्रियन के मिली सुविधा

10:31 AM Oct 24, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
प्रतिकात्मक तस्वीर।
Advertisement

आवे वाला त्योहार पs छपरा आ आसपास के यात्रियन खातिर राहत भरल खबर बा। छपरा के रास्ते रांची से गोरखपुर तक विशेष ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा। ट्रेन संख्या 18629/18630 गोरखपुर-रांची-गोरखपुर साप्ताहिक एक्सप्रेस के नियमित संचालन रांची से एक नवंबर 2024 से हर सुक के आ गोरखपुर से 2 नवंबर से हर सनीचर के होई।

Advertisement

ट्रेन गोरखपुर से रांची आ रांची से गोरखपुर के बीच चली। ट्रेन पटना होत रांची जाई। ट्रेन के संचालन होखे से यात्रियन के बहुते सुविधा होई। ई ट्रेन जिला के छपरा आ दिघवारा स्टेशन पs रुकी।

गोरखपुर से रांची जाये वाला मौर्य एक्सप्रेस के विस्तार कs  के उड़ीसा तक चलावल जा रहल बा। जवना से ट्रेन में बहुत भीड़ रह रहल बा। यात्रियन के रिजर्वेशन मिले में परेसानी होत रहे। यात्रियन के हो रहल परेसानी के देखत गोरखपुर से रांची के बीच एगो ट्रेन चलावे के निर्णय लिहल गइल बा।

झाझा ​​​​​​-मोकामा के रास्ते चली ट्रेन

ट्रेन 18629 रांची-गोरखपुर साप्ताहिक एक्सप्रेस एक नवंबर से हर सुक के 16:50 बजे रांची से प्रस्थान कs के मूरी से 18:30 बजे, बोकारो स्टील सिटी से 19:48 बजे, चन्द्रपुरा से 20:23 बजे, धनबाद से 21:45 बजे, चित्तरंजन से 23:18 बजे, जामताड़ा से 23:33 बजे, दूसरका दिन मधुपुर से 00:03 बजे, जसीडीह से 00:34 बजे, झाझा से 1:50 बजे, किऊल से 2:42 बजे, मोकामा से 3:12 बजे, पटना साहिब से 4:27 बजे, पटना से 5:05 बजे, पाटलिपुत्र से 5:45 बजे, दिघवारा से 6:43 बजे, छपरा से 7:40 बजे, सीवान से 8:35 बजे,भटनी से 9:35 बजे आ देवरिया सदर से 10 बजके छूटके गोरखपुर 11:30 बजे पहुंची।

जसीडीह ​​​​​-जामताड़ा के रस्ता होई ट्रेन के परिचालन

वापसी यात्रा में 18630 गोरखपुर-रांची साप्ताहिक एक्सप्रेस दु नवंबर से हर सनीचर के गोरखपुर से 15:30 बजे प्रस्थान कs देवरिया सदर से 16:40 बजे, भटनी से 17 बजे, सीवान से 17:45 बजे, छपरा से 19:10 बजे, दिघवारा से 19:58 बजे, पाटलिपुत्र से 21:20 बजे, पटना से 22:10 बजे, पटना साहिब से 22:30 बजे, मोकामा से 23:22 बजे, दूसरका दिन किऊल से 00:04 बजे, झाझा से 1:45 बजे, जसीडीह से 2:19 बजे, मधुपुर से 2:46 बजे, जामताड़ा से 3:20 बजे, चितरंजन से 3:33 बजे, धनबाद से 5:05 बजे, चन्द्रपुरा से 6:22 बजे, बोकारो स्टील सिटी से 7:05 बजे आ मूरी से आठ बजे छूटके रांची 9:25 बजे पहुंची।

Tags :
Bhojpuri NewsGorakhpur-Ranchi Trainindian railwaysSpecial TrainTrain Schedule
Advertisement
Next Article