For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

छपरा से चले वाली ट्रेनन के संचालन प्रभावित : देवरिया में यातायात ब्लॉक होखला के कारण ट्रेन नियंत्रित, देखीं लिस्ट

11:05 AM Jul 26, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
छपरा से चले वाली ट्रेनन के संचालन प्रभावित   देवरिया में यातायात ब्लॉक होखला के कारण ट्रेन नियंत्रित  देखीं लिस्ट
Advertisement

रेलवे प्रशासन यात्री सुविधा में उन्नयन आ परिचालन सुगमता खातिर वाराणसी मंडल के देवरिया स्टेशन पs इंजीनियरिंग काम खातिर यातायात ब्लॉक दिहल गइला के कारण गाड़ियन के नियंत्रित कs के चलावल जा रहल बा।

Advertisement

छपरा से चले वाली ट्रेनन के नियंत्रित कइल गइल बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार के ओर से सूचना जारी करत दिहल गइल बा। निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेन अपना नीयत समय से संचालित होखे लगिहें सs।

नियंत्रित कइल गई ट्रेनन के सूची

  • 22532 मथुरा जं.-छपरा एक्सप्रेस लखनऊ मंडल पs 27 जुलाई, 01, 03, 08, 10 आ 15 अगस्त, 2024 के 45 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • 13020 काठगोदाम-हावड़ा एक्सप्रेस लखनऊ मंडल पs 27 जुलाई, 01, 03, 08, 10 आ 15 अगस्त, 2024 के 70 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • 14674 अमृतसर-जयनगर एक्सप्रेस लखनऊ मंडल पs 27 जुलाई, 03, 10 आ 15 अगस्त, 2024 के 90 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
Tags :
Advertisement