For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बिना लिखित परीक्षा के सीआरपीएफ में नौकरी पावे के मौका, बस ई योग्यता के जरूरत बा, मासिक वेतन 55000 रुपया होई

11:19 AM Jun 02, 2024 IST | Raj Nandani
बिना लिखित परीक्षा के सीआरपीएफ में नौकरी पावे के मौका  बस ई योग्यता के जरूरत बा  मासिक वेतन 55000 रुपया होई
Advertisement

सरकारी नौकरी सीआरपीएफ भर्ती 2024 : केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (सीआरपीएफ) में नौकरी चाहत लोग खातिर एगो खुशखबरी बा। जे लोग एह पदन खातिर आवेदन करे के सोचत बा, ओकरा पहिले दिहल बिन्दु के ध्यान से पढ़े के चाहीं।

Advertisement

सीआरपीएफ भर्ती 2024 : केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (सीआरपीएफ) में नौकरी (सरकारी नौकरी) पावे के आकांक्षा राखे वाला उम्मीदवार खातीर ई एगो बढ़िया मौका बा। एकरा खातीर सीआरपीएफ फिजियोथेरेपिस्ट के पद पs बहाली के घोषणा कइले बिया। जदी रउरा एह पदन खातिर भी आवेदन करे के योजना बनावत बानी तs आधिकारिक वेबसाइट crpf.gov.in के माध्यम से आवेदन कर सकेनी। सीआरपीएफ एह पदन खातिर आवेदन प्रक्रिया शुरू कर दिहले बा।

एह बहाली के माध्यम से सीआरपीएफ में फिजियोथेरेपिस्ट के पद प बहाली होई। जदी रउरा भी एह सीआरपीएफ बहाली खातिर आवेदन करे के बा तs 24 जून भा ओकरा से पहिले आवेदन कर सकेनी । एकरा बाद राउर आवेदन स्वीकार ना कइल जाई ।

सीआरपीएफ खातिर के आवेदन कर सकेला?

आधिकारिक अधिसूचना के मुताबिक, जवन भी उम्मीदवार ए पद खाती आवेदन करे के चाहता, ओकरा के कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय चाहे संस्थान से फिजियोथेरेपी में मास्टर डिग्री होखे के चाही। संगही, उम्मीदवार के संबंधित क्षेत्र में अनुभव भी होखे के चाही।

सीआरपीएफ में कवन उमिर सीमा लागू होई?

एह सीआरपीएफ बहाली खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन के उमिर सीमा चालीस साल से कम होखे के चाहीं । तब जाके ऊ लोग आवेदन करे के पात्र हो जईहे।

एह पदन पर चयन के बाद मिले वाला वेतन

एह पदन खातिर चाहे जवन उम्मीदवार चुनल जाव ओकरा के 55000 रुपिया के मासिक वेतन दिहल जाला ।

अइसे चयन होखेला

एह सीआरपीएफ बहाली खातिर आवेदन करे वाला सगरी उम्मीदवारन के चयन वॉक इन इंटरव्यू का माध्यम से कइल जाई । चयन प्रक्रिया में भाग लेवे खातिर उम्मीदवार के कवनो टीए/डीए ना मिली आवेदन करे खातिर लिंक आ अधिसूचना इहाँ देखींसीआरपीएफ भर्ती खातीर आवेदन करे खातीर लिंक 2024सीआरपीएफ भर्ती 2024 अधिसूचना अउरी जानकारी बा। सीआरपीएफ भर्ती 2024 के आधिकारिक घोषणा के अनुसार वॉक इन इंटरव्यू के पूरा कार्यक्रम नीचे दिहल गइल बा।

तिथि – 24 जून 2024स्थल – प्रशिक्षण निदेशालय, पूर्वी प्रखंड संख्या 10, स्तर 7, आर.के. पुरम, नई दिल्ली, 110066 ।

Tags :
Advertisement