For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

राहुल गांधी कहलें- हमनीं सरकार के समर्थन करेम सन बाकिर विपक्ष के देवे के पड़ी ई पद

11:50 AM Jun 25, 2024 IST | Sonu Kishor
राहुल गांधी कहलें  हमनीं सरकार के समर्थन करेम सन बाकिर विपक्ष के देवे के पड़ी ई पद
Advertisement

कांग्रेस सांसद राहुल गांधी कहले कि जदि विपक्ष के उपसभापति के पद दिहल जाता तऽ हमनीं लोकसभा अध्यक्ष के चयन में सरकार के समर्थन करेम।राजनाथ सिंह उपसभापति पद खातिर विपक्ष की मांग पs अबहीं ले कवनो प्रतिक्रिया नइखे दिहल गइल। बता दी कि जदि उपसभापति के पद ना मिलल तऽ विपक्ष लोकसभा अध्यक्ष के चुनाव में आपन प्रत्याशी उतार सकऽता

Advertisement

कांग्रेस सांसद राहुल गांधी कहले कि जदि विपक्ष के उपसभापति के पद दिहल जाता तऽ हमनीं लोकसभा अध्यक्ष के चयन में सरकार के समर्थन करेम सन। राजनाथ सिंह उपसभापति पद खातिर विपक्ष के मांग पs अबहीं ले कवनो प्रतिक्रिया नइखन देले।

का कहलें राहुल गांधी ?

आज अखबार में लिखले बाड़े कि प्रधानमंत्री मोदी कहले बाड़न कि विपक्ष के सरकार के साथ रचनात्मक सहयोग करे के चाहीं। राजनाथ सिंह मल्लिकार्जुन खरगे के फोन कइले आ उनका से लोकसभा अध्यक्ष पs समर्थन देवे के कहले। पूरा विपक्ष कहलस कि हमनीं लोकसभा अध्यक्ष के समर्थन करेम, बाकिर परंपरा बा कि उपसभापति के पद विपक्ष के देहे के चाही। राजनाथ सिंह कहले कि उऽ मल्लिकार्जुन खरगे के वापस बोलइहें बाकिर उऽ अबहीं ले अइसन ना कइलें। पीएम मोदी विपक्ष से सहयोग मांग रहल बाड़े बाकिर हमनीं के नेता के अपमान हो रहल बा।"

Advertisement