For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बिहार के 19 जिलन में आज बरखा के ऑरेंज अलर्ट : कइयन शहरन के तापमान 40 डिग्री के नीचे पहुंचल

09:38 AM May 22, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बिहार के 19 जिलन में आज बरखा के ऑरेंज अलर्ट   कइयन शहरन के तापमान 40 डिग्री के नीचे पहुंचल
Advertisement

बिहार के कइयन जिलन में बरखा के बाद लोगन के गरमी से राहत मिलल बा। मौसम विभाग बुध के 19 जिलन में बरखा आ तेज हवा चले के ऑरेंज अलर्ट जारी कइल गइल बा। एमे सारण, शिवहर, सीतामढ़ी, मुजफ्फरपुर, वैशाली, गोपालगंज, सीवान, समस्तीपुर, दरभंगा, मधुबनी, सहरसा, सुपौल, मधेपुरा, अररिया, पूर्णिया, कटिहार आ किशनगंज सामिल बा।

Advertisement

एकरा अलावे बचल आउर सब जिलन में बरखा के लेके के यलो अलर्ट जारी कइल गइल बा। एकरा पहिले मंगर के आरा, जमुई, जहानाबाद, नवादा, नालंदा आ बक्सर में बरखा भइल र​हे। सबसे जादे बरखा जमुई में 44 एमएम दर्ज कइल गइल। बरखा के बाद तापमान 40 डिग्री के नीचे दर्ज कइल गइल।

मौसम विभाग के अनुसार, बंगाल के खाड़ी से आ रहल नम हवा के वजह से उत्तर-पश्चिम यूपी के ऊपर साइक्लोनिक सर्कुलेशन बनल बा। संगही बांग्लादेश, दक्षिणी बिहार, झारखंड से होत एगो टर्फ लाइन गंगीय पश्चिमी बंगाल के ओर जा रहल बा। एह दुनो मौसमी घटकन के असर बिहार के मौसम प पड़ल।

रोहतास सबसे जादे गरम

पिछला 24 घंटा के दौरान रोहतास जिला सबसे ज्यादा गरम रहल। इहां के अधिकतम तापमान 39.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। हालांकि, आउर सभ जिलन के अधिकतम तापमान 40 डिग्री के नीचे दर्ज कइल गइल बा।

Tags :
Advertisement