'हमनी के देस कश्मीर से कन्या कुमारी तक सुरक्षित': BJP नेता विरेंद्र कुशवाहा पहुंचलें गोपालगंज, बोललें-संसद सुरक्षा में चूक राहुल गांधी आ विपक्षियन के साजिश
भाजपा नेता वीरेंद्र कुशवाहा सुक के गोपालगंज पहुंचलें। एह दौरान भाजपा नेता उनका के अंग-वस्त्र प्रदान कs के स्वागत कइल लो। संगही ऊ भाजपा नेता लोगन के संगे एगो बैठक कइलें। बैठक के दौरान ऊ कइयन अहम बिंदुअन पs चरचा करत बूथ स्तर तक के कार्यकर्तन के मजबूत करे समेत कइयन गो महत्वपूर्ण बात कहलें
एह दौरान ऊ संसद भवन में घुसपैठ ममिला में एगो समाचार पत्र से बात करत कहलें कि हमनी के देस कश्मीर से कन्या कुमारी तक सुरक्षित बा। संसद में घुसपैठ होखल राहुल गांधी आ विपक्षी पार्टियन के साजिश हs। ताकि एह तरे के गतिविधियन कs देस आ प्रधानमंत्री के बदनाम कइल जा सके। संगही ऊ कहलें कि प्रधानमंत्री के बदनाम करे खातिर अपना लोगन के संदिग्ध अवस्था में भेज के के अइसन मूवमेंट खड़ा कइल गइल बा।
ऊ कहलें कि जवना तरे राहुल गांधी संसद में निडरता से खड़ा रहलें, जवना से स्पष्ट होत बा कि उनका पहिलही ही मालूम रहे की ई जवन घुसपैठी बाड़े सs उनके लोग लोग हs। एहिसे ऊ तs कुछ करिहें ना आ ओकरा के दुष्प्रचारित करिहें की लोकसभा असुरक्षित बा। हमनी के भाजपा के जवन सांसद बा लो, ऊ अनभिज्ञ रहे लो। एहिसे ओह लोगन में अफरा-तफरी मचल रहे। ऊ कहलें कि जवन लोग एमे संलिप्त बा, ओकरा जांच कइल जाई। दूध के दूध पानी के पानी हो जाई। जेकर हाथ होई ऊ बख्सल ना जाई।
साभार: दैनिक भास्कर