टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गायिका शारदा सिन्हा के तबीयत बिगड़ल, दिल्ली एम्स में करावल गइल भर्ती

11:20 AM Oct 26, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

पद्मश्री आ पद्मभूषण से सम्मानित लोकगायिका शारदा सिन्हा के पति ब्रज किशोर के निधन के एक महीना बाद एगो अउरी दुखद खबर सामने आइल बा।  गायिका शारदा सिन्हा के स्वास्थ्य अचानक बिगड़ गईल बा। एक हफ्ता से दिल्ली के एम्स अस्पताल में भर्ती बाड़े। अपना हेल्थ अपडेट देत डॉक्टर कहले कि आज उनुकर स्वास्थ्य खराब हो गईल बा। हाल ही में उनकर पति के दिमाग में रक्तस्राव से मउत हो गईल रहे, जवना के बाद कुछ दिन बाद उनुकर स्वास्थ्य भी खराब होखे लागल।

Advertisement

एम्स के सूत्र बतावत बाड़े कि फिलहाल उनुका के आईसीयू में राखल गईल बा। बता दीं कि हाल ही में शारदा सिन्हा के पति के ब्रेन हेमरेज से मउत हो गईल। शारदा सिन्हा के भी पिछला एक हफ्ता से दिल्ली एम्स में इलाज चलत रहे। असल में शारदा सिन्हा के खाए-पीए में बहुत समस्या के सामना करे के पड़ता जवना के चलते उनुकर इलाज दिल्ली एम्स में होखत रहे।

शनिवार के सबेरे अचानक उनुकर हालत बिगड़ गईल। जवना के बाद उनुका के दिल्ली एम्स के इमरजेंसी में भर्ती करावल गईल बा। फिलहाल शारदा सिन्हा के इलाज आईसीयू में डॉक्टर के टीम से हो रहल बा।

 

 

 

 

 

Tags :
BhojpuriBhojpuri SingerBhojpuri Star.
Advertisement
Next Article