For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

PAK vs BAN: शान मसूद रिजवान के दोहरा शतक बनावे से रोकलें! पाकिस्तान में मचल बवाल

12:21 PM Aug 23, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
pak vs ban  शान मसूद रिजवान के दोहरा शतक बनावे से रोकलें  पाकिस्तान में मचल बवाल
Advertisement

पाकिस्तान क्रिकेट टीम बांग्लादेश के खिलाफ खेलल जा रहल पहिला टेस्ट मैच में आपन पकड़ मजबूत कs लेले बाड़ें। रावलपिंडी में खेलल जा रहल मैच में पाकिस्तान पहली पारी में 448 रन बनवले बा। पाकिस्तान के इहां तक पहुंचावे में टीम के विकेटकीपर-बल्लेबाज मोहम्मद रिजवान आ उप-कप्तान सउद शकील के अहम रोल रहल बा दुनो खिलाड़ी शतकीय पारी खेलल को। पाकिस्तान के कप्तान शान मसूद ओह समय पहिला पारी घोषित कs देलें जब रिजवान अपना दोहरा शतक के तरफ बढ़त रहस। एही के लेकर अब सवाल उठे लागल बा।

Advertisement

रिजवान जवना अंदाज में बल्लेबाजी करत रहस, अगर ओहि तरे करत रहते तs उनकर दोहरा शतक तय लागत रहे, बाकिर मसूद एकरा पहिलही पारी घोषित कs देलें। रिजवान 239 गेना पs 171 रन बनाके नाबाद रहलें। अपना पारी में ऊ 11 चौका आ तीन छक्का मरलें। मसूद के बारे में सोशल मीडिया पs कहल जाये लागल कि ऊ रिजवान के जानबूझके दोहरा शतक बनावे से रोक देलें। एह ममिला पs अब शकील सफाई पेश कइले बाड़ें।

'पहिले से तय रहे'

शकील एह मैच में 141 रन के पारी खेलले जेमे 261 गेना के सामना करत नव चौका मरलें। दिन के खेल खत्म होखला के बाद शकील से प्रेस कॉन्फ्रेंस में रिजवान के दोहरा शतक से रोकल जाए के बारे में पूछल गइल। ऊ एकर जबाव देत कहलें, "जहां तक रिजवान भाई के दोहरा शतक के बात बा तs पारी घोषित करे के फैसला जल्दबाजी में ना लिहल गइल। काहेकि रिजवान भाई के एक घंटा पहिलही बता दिहल गइल रहे कि हमनी के एह समय पs पारी घोषित करेम सs। एहिसे उनका आइडिया रहे कि कब पारी घोषित होखे वाला बा। उनका से कह दिहल गइल रहे कि हमनी के 450 रनन के आस-पास पारी घोषित कs दिहल जाई।"

रिजवान आ शकील के सानदार साझेदारी

एकरा पहिले, पाकिस्तान दूसरका दिन के सुरुआत चार विकेट के नुकसान पs 158 रन के संगे कइलस। दुनो खिलाड़ी पारी के आगे बढ़ावल आ 240 रन के साझेदारी के अंजाम दिहल। शकील 354 के कुल स्कोर पs आउट हो गइलें। एकरा बाद रिजवान पारी के आगे बढ़वलें। अगा सलमान 19 रन आ शाहीन शाह अफरीदी नाबाद 29 रन के जोगदान दिहल लो।

Tags :
Advertisement