टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

PAK vs CAN T20 WC Pitch Report: पाकिस्तान के बल्लेबाजन खातिर चुनौती बनिहें कनाडा के गेंदबाज! न्यूयॉर्क के पिच पऽ रही नजर

11:13 AM Jun 11, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

कनाडा के बात कइल जाव तऽ ओकरो अपना दूसरका जीत के दरकार बा। एह टीम के पहिले मैच में अमेरिका हरवले रहे। दूसरका मैच में एह टीम के सामना आयरलैंड से भइल रहे। एह मैच में कनाडा  बड़ उलटफेर करत घरी आयरलैंड के हरा देले रहे। पाकिस्तानो के खिलाफ एह टीम के मैच आसान नइखे रहे वाला।

Advertisement

भारतीय टीम से मात खइला के बाद पाकिस्तान क्रिकेट टीम अब टी20 वर्ल्ड कप 2024 के अपना अगिला मैच में कनाडा के खिलाफ उतरी। पाकिस्तान अबही ले एह वर्ल्ड कप में जीत के खाता नइखे खोलले। कनाडा के खिलाफ बाबर आजम के सेना आपन खाता खोले के चाही। पाकिस्तान के पहिले मैच में अमेरिका के हाथे हार मिलल रहे आ फेर भारत ऐतवार के उनका मुंह से जीत छीन लेले रहे।

कनाडा के बात कइल जाव तऽ ओकरो आपन दूसरका जीत के दरकार बा। एह टीम के पहिलका मैच में अमेरिका हरवले रहे। दूसरका मैच में एह टीम के सामना आयरलैंड से भइल रहे। एह मैच में कनाडा बड़ उलटफेर करत घरी आयरलैंड के हरा देले रहे। पाकिस्तानो के खिलाफ एह टीम के मैच आसान नइखे रहे वाला।

कइसन रही पिच?

ई दुनु टीम के मैच ओही मैदान पs होई जवना पs भारत-पाकिस्तान के मैच भइल रहे। न्यूयॉर्क के नसाउ इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम एह मैच के मेजबानी करी। एह स्टेडियम के पिच गेंदबाजन के मददगार बा। रन बनाना एह पिच पs मुश्किल साबित भइल बा । जवनो टीम टॉस जीती पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइल चाही। एह मैच में पाकिस्तान के बल्लेबाजन की परीक्षा होई काहेकि आयरलैंड के खिलाफ कनाडा अपना गेंदबाजी से प्रभावित कइले रहे।

Tags :
cricket matchCricket World CupIcc T20 World CupKhabar Bhojpuri NewsMen world cupPak vs can
Advertisement
Next Article