टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

SCO: जयशंकर के पहुंचतही पाकिस्तान जतवलस द्विपक्षीय बैठक के इच्छा; कहलस- हमनी के उहे करेम जवन मेहमान चाही लो

10:13 AM Oct 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
पाकिस्तान में एस. जयशंकर। - फोटो : PTI
Advertisement

शंघाई सहयोग संगठन (एससीओ) के सम्मलेन में हिस्सा लेवे खातिर बिदेस मंत्री एस. जयशंकर मंगर के पाकिस्तान के इस्लामाबाद पहुंच चुकल बाड़ें। ई भारत के कवनो बिदेस मंत्री के तरफ से नव साल बाद पाकिस्तान के दौरा बा। जयशंकर के पाकिस्तान पहुंचला के कुछ घंटन बाद पाकिस्तान दबल मुंह से भारत के संगे द्विपक्षीय बैठक करे के इच्छा जतवले बा पाकिस्तान के योजना आ विकास मंत्री अहसान इकबाल कहलें कि ई भारत के तय करे के बा कि ऊ सम्मेलन से इतर पाकिस्तान के संगे द्विपक्षीय बैठक कइल चाहत बा भा ना।

Advertisement

द्विपक्षीय बैठक के जतवलस इच्छा

पाकिस्तान भारत आ पाकिस्तान के बिदेस मंत्रियन के बीच द्विपक्षीय बैठक के प्रस्ताव रखे के चाहीं, एह सवाल के जवाब देत पाकिस्तान के मंत्री अहसान इकबाल कहलें कि एससीओ बैठक के मेजबान के रूप में, इस्लामाबाद उहे करी जवन मेहमान चाही लो। हमनी के प्रस्ताव नइखी सs दे सकत। हमनी के मेहमानन के अनुसार चले के होई। जदि मेहमान द्विपक्षीय बैठक चाहत बा लो, तs हमनी के निश्चित रूप से बहुते खुस होखेम सs। अहसान इकबाल आगे कहलें कि बतौर मेजबान हमनी के वास्तव में कवनो पs ई दबाव नइखी डाल सकत सs कि ऊ द्विपक्षीय बैठक चाहत बा लो भा नहीं।

दुनो पक्ष कs चुकल बा शिखर सम्मेलन से इतर कवनो बैठक से इनकार

बता दीं कि एकरा पहिले भारत आ पाकिस्तान दुनो एससीओ सम्मेलन से इतर कवनो बैठक से इनकार कs चुकल बा लो। ओहिजा, प्रेस कांफ्रेंस के दौरान जब ई पूछल गइल कि पाकिस्तान भारत के संगे बेयपारिक संबंध बहाल कइल चाहीं भा नहीं, एह पs इकबाल कहलें कि दुनो पक्ष के लाहौर समझौता के अनुसारे काम करे के चाहीं। ऊ आगे कहलें कि जदि हमनी के लाहौर समझौता के मोताबिक चली तs अइसन कवनो समस्या ना होई जवन मिलके हल ना कइल जा सकी।

रेड कारपेट पs भइल जयशंकर के स्वागत

जयशंकर के पाकिस्तान दौरा के इस्लामाबाद में भारत के सकारात्मक कदम के तौर पs देखल जा रहल बा। पाकिस्तान एह साल 15 आ 16 अक्तूबर के एससीओ समिट के आयोजन कs रहल बा। बिदेस मंत्री एस जयशंकर के पाकिस्तान में रेड कारपेट पs स्वागत भइल। गौर करे वाला बात कि बीतल नव बरिसन में कश्मीर आ सीमापार आतंकवाद के मुद्दन के लेके दुनो देसन के रिश्ता ठंडा रहल बा। अइसन में कवनो भारतीय मंत्री के तरफ से पाकिस्तान के दौरा दूर के कौड़िये रहल।

बता दीं कि पाकिस्तान जाये वाली आखिरी बिदेस मंत्री सुषमा स्वराज रहल रहली। दिसंबर 2015 में अफगानिस्तान पs एगो कॉन्फ्रेंस में हिस्सा लेवे खातिर इस्लामाबाद पहुंचल रहली।

Tags :
Bhojpuri NewsForeign Ministet S JayshankkarPakistan Wants Bilateral Meeting with IndiaS Jayshankar Pak TourSCOएस. जयशंकर
Advertisement
Next Article