For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Pakistan: बदहाल पाकिस्तान रक्षा बजट 15 फीसदी बढ़वलस, 30% के बढ़न्ती के संगे 2122 अरब रुपिया के बा बजट

11:07 AM Jun 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
pakistan  बदहाल पाकिस्तान रक्षा बजट 15 फीसदी बढ़वलस  30  के बढ़न्ती के संगे 2122 अरब रुपिया के बा बजट
Advertisement

पाकिस्तान के वित्त मंत्री मोहम्मद औरंगजेब देस के वर्तमान वित्त वर्ष के बजट पेस कइलें। जवना के आकार पिछिला साल से करीब 30 फीसदी जादे बा। 18.9 (18,877 अरब) ट्रिलियन रुपिया के एह बजट में रक्षा क्षेत्र खातिर 15 फीसदी के बढ़न्ती कइल गइल बा। एह साल पाकिस्तान के रक्षा बजट 2122 अरब रुपिया के होई। पिछला साल ई 1804 अरब रुपिया के रहे।

Advertisement

बजट में अगिला साल देस के अर्थव्यवस्था के 3.6 फीसदी के दर से बढ़े के अनुमान लगावल गइल बा। पिछिला साल ई अनुमान 3.5 % रहे बाकिर पाकिस्तान लक्ष्य से चूक गइल रहे आ जीडीपी खाली 2.38 फीसदी के दर से बढ़ल रहे। अबकी बेर वित्त मंत्री औरंगजेब बड़ पैमाना पs सख्त फैसला खातिर बा आ कर के दायरा बढ़ावल गइल बा। बजट में उधारी चुकावे पs सबसे जादे 9700 अरब रुपिया खर्च होई। जबकि एकरा बाद सबसे जादे खर्च रक्षा पs कइल जाये के प्रावधान बा। देस में नया आम चुनावन के बाद पीएमएल-एन आ पीपीपी गठबंधन सरकार के ई पहिला बजट हs।

बजट से पहिले खुलके उभरल गठबंधन में दरार

बजट के पेश कइल जाये से पहिलही गठबंधन के दुनो सहजोगियन में दरार देखे के मिलल आ पीपीपी के बिलावल भुट्टो जरदारी आरोप लगवलें कि बजट तइयार करे में उनका पार्टी से कवनो सलाह मशविरा ना कइल गइल। बिलावल सवाल कइलें कि का शाहबाज शरीफ के नेतृत्व के सरकार अभियो उनका समर्थन के तरजीह देवेले। एह विवाद के चलते पाकिस्तान के सत्तारूढ़ गठबंधन सरकार के सहयोगियन में पड़ल दरार खुलके सामने आ गइल बा। ‘डॉन’ अखबार बतवलस कि पीपीपी संसद में बजट पेश कइल जाये से पहिलही बिलावल संसदीय समिति के बैठक में ई आपत्ति जतवलें।

खान के यूटर्न, सरकार से करिहें चरचा

जेल में बंद पूर्व पीएम इमरान खान यू-टर्न लेत सियासी तनाव घटावे खातिर सरकार से बातचीत के हरियर झंडी दे देलें बाड़ें। ऊ कुछ दिन पहिलही सत्तारूढ़ गठबंधन के दंतहीन कहके ओकरा संगे वार्ता से इन्कार कइले रहस।

उम्मीद रहे कि हमनी के सुनल जाई 

सरकार के बेवहार पs पीपीपी के ओर से नाराजगी जतावत सूचना सचिव शाजिया मारी कहली, हमनी के अइसन हालात रोके खातिर सरकार से संपर्क कइले रहनी सs। उम्मीद रहलो ना रहे कि हमनी के आवाज ना सुनल जाई।

Tags :
Advertisement