For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Pakistan: JUI-F के नेता के बड़ा दावा, सेना के शीर्ष अधिकारी 2022 में इमरान खान के सरकार के गिरवलस

05:50 PM Feb 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
pakistan  jui f के नेता के बड़ा दावा  सेना के शीर्ष अधिकारी 2022 में इमरान खान के सरकार के गिरवलस
Advertisement

एगो समय रहे जब पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान पाकिस्तानी सेना खातिर आंखन के तारा भइल करत रहलें। विपक्षी नेता इमरान खान पs तंज कसत उनका के सेना के दुलारा कहके बोलावत रहे। हालांकि, फेर एगो अइसन समय आइल, जब खान सेना खातिर एक तरे से अभिशाप बन गइल। एही के लेले, पाकिस्तान के एगो दक्षिणपंथी पाकिस्तानी राजनेता एगो बड़ खुलासा कइलें। ऊ दावा कइलें कि शीर्ष सैन्य नेता लोग साल 2022 में इमरान खान के सरकार के गिरवले रहस।

Advertisement

टीवी टॉक शो में दावा

जमीयत उलेमा-ए-इस्लाम-फजल (जेयूआई-एफ) के मौलानाफजल-उर-रहमान बियफे के एगो टीवी टॉक शो में दावा कइलें कि पूर्व सेना प्रमुख जनरल (सेवानिवृत्त) कमर जावेद बाजवा पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ (पीटीआई) सरकार के गिरवले रहस ।

अविश्वास प्रस्ताव पs बोललें रहमान

रहमान पीटीआई संस्थापक के खिलाफ ले आवल गइल अविश्वास प्रस्ताव के वापस लेवे पs कहलें कि जब पीपीपी पीटीआई के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव ले आवत रहे, तब जनरल बाजवा आ फैज हमीद हमनी के संपर्क में रहे लो। ऊ सब दलन से अविश्वास प्रस्ताव ले आवे के कहले रहलें।

रहमान एगो सवाल के जवाब में कहलें, केहू के उनका सोझ खड़ा होखे के चाहत रहे आ कहे के चाहत रहे कि ई गलत बा। ऊ आगे कहलें, 'जब तक चीज ठीक नइखे हो जात, तब ले विरोध जारी रही, काहेकि सत्ता के राजनीति से कवनो लेवे-देवे के नइखे। एह विरोध के परिणामस्वरूप एगो क्रांति होई।

गठबंधन सरकार बनावे के योजना पs आलोचना

पीटीआई के संगे बातचीत पs रहमान कहलें, 'पीटीआई के संगे मन में मतभेद बा, जवना के आसानी से सुलझावल जा सकत बा।' ऊ पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी सहित आउर दलन के सहजोग से गठबंधन सरकार बनावे के योजना के घोषणा खातिर पीएमएल-एन के आलोचना कइले। ऊ कहलें कि वर्तमान संसद के कवनो भविष्य नइखे, काहेकि संसद में निर्णय आ नीति कहीं आउर से आई।

पाकिस्तान के राजनीति में नाटकीय उठापटक

गौर करे वाला बात बा कि पाकिस्तान के राजनीति में नाटकीय उठापटक तब सुरू भइल रहे जब इमरान खान पाकिस्तान के जनता के गुड गवर्नेंस देवे में लगातार विफल होखे लागल रहे। खास कs के पंजाब प्रांत के बिगड़त हालात सेना के सोचे पs मजबूर कs देले रहे। इहां तक कि पाकिस्तान के विपक्षी पार्टियन के खुलेआम सेना पs आरोप लगावे लागल रहे कि सेना के वजह से इमरान खान के सत्ता के चाबी मिलल बा। ओहिजा, जनरल बाजवा आ लेफ्टिनेंट जनरल फैज हमीद के बीच के मतभेद उभरकर सामने आइल लागल रहे।

एह सबका बीच, 10 फरवरी, 2022 के पाकिस्तान के तत्कालीन प्रधानमंत्री इमरान खान के उनकर नेतृत्व में अविश्वास मत हारे के बाद सत्ता से बेदखल कs दिहल गइल रहे। विपक्षी दलन कावर उनका खिलाफ एगो प्रस्ताव ले आवल गइला के बाद मतदान आयोजित कइल गइल रहे। ई मतदान तब भइल जब देस के उच्चतम न्यायालय विपक्षी दलन के पक्ष में फैसला दिहल आ कहलस कि 71 वर्षीय खान असंवैधानिक रूप से काम कइले रहे।

Tags :
Advertisement