टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

भूकंप के तेज झटका से थर्राइल पाकिस्तान

02:19 PM Nov 13, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

पाकिस्तान में बुध के राजधानी इस्लामाबाद समेत देश के कई हिस्सा में तेज भूकंप महसूस भईल। एहसे जनता में दहशत मच गईल। पाकिस्तान के अलग-अलग इलाका में 5.3 तीव्रता के भूकंप आईल। इs जानकारी देत ​​देश के मौसम विभाग कहलस कि भूकंप के चलते जान-माल के नुकसान के कवनो खबर नईखे। ‘संयुक्त राज्य अमेरिका के भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण’ (यूएसजीएस) के मुताबिक भूकंप के तीव्रता 5.1 रहे। पाकिस्तान के मौसम विभाग (पीएमडी) एकर तीव्रता 5.3 बतवलस।

Advertisement

इस्लामाबाद के 'राष्ट्रीय भूकंपीय निगरानी केंद्र' के मुताबिक, "इs भूकंप अफगानिस्तान के हिंदुकुश पर्वत शृंखला में 220 किलोमीटर गहराई पs रहे।" भूकंप के बाद लोग डर से घर से बाहर निकलल। हालांकि अबे ले केहु के जानमाल के नुकसान के खबर नईखे। अधिकारी बतवले कि खैबर-पख्तूनख्वा, इस्लामाबाद अवुरी पंजाब के अलग-अलग इलाका में भूकंप महसूस भईल। पाकिस्तान में अक्सर भूकंप आवेला। साल 2005 में आइल भारी भूकंप में 74 हजार से अधिका लोग के मउत हो गइल रहे.

 

 

 

Tags :
EarthquakeEarthquake EpicenterPakistan
Advertisement
Next Article