For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अमेरिका के दहलाए के साजिश नाकाम, पाकिस्तानी शख्स गिरफ्तार

09:36 AM Aug 07, 2024 IST | Minee Upadhyay
अमेरिका के दहलाए के साजिश नाकाम  पाकिस्तानी शख्स गिरफ्तार
Advertisement

Advertisement

ईरान से घनिष्ठ संबंध राखे वाला एगो 46 बरीस के पाकिस्तानी नागरिक पs मंगल के दिने अमेरिकी धरती पs कवनो राजनेता भा अमेरिकी सरकारी अधिकारी के हत्या करे के साजिश रचे के आरोप लगावल गइल. अधिकारी एकरा बारे में जानकारी देले बाड़े। ब्रुकलिन के संघीय अदालत में दायर शिकायत में आसिफ रजा मर्चेंट पs आरोप लगावल गइल कि ऊ अमेरिकी धरती पs कवनो राजनेता भा अमेरिकी सरकारी अधिकारी के हत्या करे के साजिश रचले बाड़न. आसिफ पs पईसा लेके हत्या के साजिश रचे के आरोप बा। कानून प्रवर्तन एजेंसी कवनो हमला होखे से पहिले ही आरोपी के साजिश के नाकाम कs देलस।

साजिश नाकाम हो गइल

एफबीआई के ओर से जारी प्रेस विज्ञप्ति के मुताबिक, आसिफ के अमेरिका में कवनो बड़ साजिश रचे से पहिले पकड़ल गईल। न्यूयॉर्क के पूर्वी जिला के अटॉर्नी ब्रेओन पीस बतवले कि मर्चेंट दोसरा देश के लोग के तरफ से काम करत अमेरिकी धरती पs सरकारी अधिकारियन के हत्या करे के साजिश रचले रहुवे. एबीआई के निदेशक क्रिस्टोफर रे कहले कि पाकिस्तानी नागरिक के ईरान से करीबी संबंध बा। कोर्ट के दस्तावेज के मुताबिक मर्चेंट अमेरिकी धरती पs एगो राजनेता अवुरी अधिकारी के हत्या करे के साजिश रचले रहले।

अमेरिका छोड़े के तइयारी करत रहले

अधिकारी बतवले कि मर्चेंट 12 जुलाई के तब पकड़ल गईल रहले जब उs अमेरिका छोड़े के तैयारी करत रहले। एकरा से कुछ समय पहिले उनुकर मुलाकात कथित हत्यारा से भईल रहे, जवन कि असल में अमेरिकी खुफिया एजेंसी के गुप्त एजेंट रहले। अभियोजकन के कहल बा कि मर्चेंट हत्या करे खातिर एगो शूटर के खोजत रहुवे. एकरा संगे एगो महिला के जरूरत रहे जवन कि रेकी कs सके अवुरी करीब 25 लोग के जरूरत रहे, जवन कि हत्या के बाद ध्यान भटकावे खातीर विरोध कs सके। आसिफ रजा फिलहाल न्यूयार्क के संघीय अदालत के हिरासत में बाड़े। मर्चेंट ईरान में समय बिता के अप्रैल 2024 में पाकिस्तान से अमेरिका पहुंचल रहले।

Tags :
Advertisement