For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

राउर Pan-Aadhaar Link भइल बा कि ना, एगो SMS से चेक करीं एकर स्टेटस

11:21 AM May 31, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
राउर pan aadhaar link भइल बा कि ना  एगो sms से चेक करीं एकर स्टेटस
Advertisement

देस के सब नागरिकन के अपना आधार कार्ड (Aadhaar Card) के पैन कार्ड (Pan Card) से लिंक करे के बा। जदि ऊ अइसन नइखे करत तs ओकरा नुकसान के सामना करे के पड़ सकत बा। इनकम टैक्स डिपार्टमेंट Pan-Aadhaar Link करे खातिर 31 मई, 2024 तक के समय देले बा।

Advertisement

एकर मतलब बा कि जदि रउआ अभी ले आपन परमानेंट अकाउंट नंबर (PAN) के आधार से लिंक नइखी कइले तs रउआ सबसे पहिले ई काम कs लेवे के चाहीं। जदि रउआ कंफ्यूज बानी कि राउर पैन-आधार से लिंक बा कि ना तs रउआ आसानी से SMS के माध्यम से एकरा के चेक कs सकत बानी।

SMS से एह तरे चेक करीं कि पैन-आधार से लिंक बा कि  ना

  • रउआ अपना रजिस्टर्ड मोबाइल नंबर के एसएमएस में जाके UIDPAN टाइप करे के बा।
  • UIDPAN के बाद स्पेस देकर रउआ 12 डिजिट के आधार नंबर लिखे के होई आ 10 डिजिट के पैन नंबर लिखे के होई।
  • एह मैसेज के रउआ 567678 भा 56161 पs भेजे के बा।
  • अब रिप्लाई में राउर पैन-आधार लिंक कंफर्मेंशन के मैसेज आ जाई।

SMS से कइसे करीं आधार के पैन से लिंक

  • रउआ रजिस्टर्ड मोबाइल नंबर में UIDPAN स्पेस आधार नंबर फेर से स्पेस पैन नंबर टाइप करे के बा।
  • अब एह मैसेज के 567678 भा 56161 पs भेजे के बा।
  • अब रिप्लाई में रउआ पैन-आधार लिंक कंफर्मेंशन के मैसेज आ जाई।

ऑनलाइन कइसे करीं पैन के आधार से लिंक

  • आयकर विभाग के ऑफिशियल वेबसाइट (eportal.incometax.gov.in) भा (incometaxindiaefiling.gov.in) पs जाईं।
  • रउआ इहां पहिले रजिस्ट्रेशन करे के होई।
  • एकरा बाद पैन आ आधार नंबर भरीं।
  • अब रउआ लॉग-इन कs करे खातिर यूजर आईडी, पासवर्ड आ डेट ऑफ बर्थ डिटेल्स देवे के होई।
  • स्क्रीन पs आइल नोटिफिकेशन में रउआ'Quick Links' के सेलेक्ट करे के होई।
  • एकरा बाद आधार के चुनीं आ पैन नंबर आउर आधार नंबर टाइप करीं।
  • अब चेकबॉक्स के सेलेक्ट कs के कैप्चा दर्ज करीं आ सबमिट करीं।
  • एकरा बाद रउआ आधार-पैन लिंक करे के कंफर्मेशन शो होई।

रउआ के बता दीं कि जदि आधार कार्ड आ पैन कार्ड के डिटेल्स अलग बा तs रउआ सबसे पहिले आधार आ पैन डिटेल्स के अपडेट करे के होई।

Tags :
Advertisement