टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Varanasi: प्रख्यात साहित्यकार पं. हरिराम द्विवेदी के निधन, आकाशवाणी आ भोजपुरी जगत के रहले बड़ शख्सियत

06:38 PM Jan 08, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

हिंदी आ भोजपुरी के प्रख्यात कवि पंडित हरिराम द्विवेदी के सोमार के दिने दुपहरिया 2:30 बजे उनुका आवास पs निधन हो गइल। पंडित हरिराम द्विवेदी के जनम 12 मार्च 1936 के मिर्जापुर के शेरवा गाँव में भइल रहे। उनुका निधन के जानकारी मिलते शुभचिंतकन में उदासी के माहौल बन गईल।

मर्यादा इस देश की पहचान है, गंगा पूजा है, धर्म दिन है, ईमान है, गंगा जइसन प्रसिद्ध गंगा गीत सहित सैकड़ों भोजपुरी काव्य रचना करे वाला देश के ख्याति लाभ साहित्यकार पंडित हरिराम द्विवेदी के सोमार के मोती झील स्थित आवास पs निधन हो गइल । पंडित हरिराम द्विवेदी अखिल भारतीय रेडियो आ भोजपुरी जगत के बड़का व्यक्तित्व रहले। उहाँ के बहुत लोकप्रिय कवि रहनी।

अकादमी भाषा सम्मान, राहुल सांकृत्यायन पुरस्कार, (उत्तर प्रदेश हिन्दी संस्थान के ओर से), साहित्य भूषण (उत्तर प्रदेश हिन्दी संस्थान के ओर से), साहित्य सारस्वत सम्मान (हिंदी साहित्य सम्मेलन, प्रयाग) समेत अउरी कई गो पुरस्कार मिलल रहे।

संकट मोचन संगीत समारोह समेत कई गो बड़हन समारोहन में मंच साझा करे के साथे दर्जन काव्य रचना के संपादन करे के साथे उहाँ के भोजपुरी के बहुत प्रसिद्ध कवि रहनी। समाजसेवी रामयश मिश्रा जी के कहनाम बा कि भोजपुरी साहित्य के एगो चमकत सितारा खतम हो गइल बा।

मुख्य कवि संग्रह

उनकर मुख्य कविता संग्रह अंगनइया, पातरि पीर, जीवनदायिनी गंगा, साई भजनावली, पानी कहे कहानी, पहचान, नारी, रमता जोगी, बैन फकीर, हाशिये का दर्द, नदियो गइल दुबराय आदि रहे।

 

Tags :
Academy Language AwardBanaras newsBanaras News in BhojpuriBhojpuri PoetBhojpuri Poet Hariram DwivediDeath of Pandit Hariram DwivediHindi PoetHindi Poet Hariram DwivediLiteraturePoetPoet Pandit Hariram DwivediPoetry Collection of Hariram Dwivediअकादमी भाषा सम्मानकविकवि पंडित हरिराम द्विवेदीपंडित हरिराम द्विवेदी की मृत्युभोजपुरी कविभोजपुरी कवि हरिराम द्विवेदीसाहित्यहरिराम द्विवेदी का कवि संग्रहहिंदी कविहिंदी कवि हरिराम द्विवेदी
Advertisement
Next Article