टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Powerfood: विटामिन के खान हs पनीर, रोज खइले से दूर रहेला सैकड़न गो बीमारी

04:39 PM Jan 23, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

दूध से बनल पनीर स्वाद आ स्वास्थ्य के खजाना हs। पनीर में खाली 1-2 विटामिन ना होखेला बालुक पोषक तत्व के खदान होखेला। पनीर स्वास्थ्य खातिर बहुत फायदेमंद मानल जाला। पनीर शाकाहारी लोग खातिर सबसे खास बा। घर में मेहमान आवे पs पनीर तइयार हो जाला। होटल में खाए जाइब तs पनीर मंगावेनी। अगर रउवा हेल्दी खाना खाए के बा त पनीर सबसे बढ़िया विकल्प बा। अगर रउरा डाइट पs बानी तs पनीर खाए के चाहीं। पनीर से भी कई गो मिठाई बनावल जाला। सभसे जादा पोषक तत्व दूध से बनल पनीर में पावल जाला। विटामिन बी कॉम्प्लेक्स, हेल्दी फैट्स, प्रोटीन, कैल्शियम, पोटेशियम, फॉस्फोरस, जिंक, मैग्नीशियम, सेलेनियम जईसन पोषक तत्व पनीर में पावल जाला।

Advertisement

रोज पनीर खइला के फायदा

हड्डी के मजबूत बनावेला – पनीर में कैल्शियम भरपूर मात्रा में होखेला। पनीर खइला से हड्डी मजबूत हो जाला। लइकन के खानपान में पनीर के शामिल करे के पड़ी। पनीर के सेवन से भी जोड़ के दर्द से बचावल जा सकता।

इम्यूनिटी बढ़ेला- पनीर खइला से शरीर के पोषण आ एंटीऑक्सीडेंट मिलेला। जवना के चलते प्रतिरक्षा मजबूत हो जाला। पनीर खईला से शरीर संक्रमण से बचावेला अवुरी जदी कवनो प्रकार के बेमारी होखे तs जल्दी ठीक हो जाला।

ब्लड प्रेशर के नियंत्रित करीं – पनीर में पोटेशियम, कैल्शियम अवुरी मैग्नीशियम के बढ़िया मात्रा होखेला जवन कि ब्लड प्रेशर के नियंत्रित करे में मदद करेला। बीपी के मरीज के रोज अपना आहार में पनीर के शामिल करे के चाही।

वजन घटावे में मददगार- पनीर खइला से मोटापा तेजी से कम हो जाला। हालांकि कुछ लोग वजन बढ़ावे खातिर पनीर भी खाला। बस रउरा दुनु में खाना के तरीका आ मात्रा तय करे के पड़ी। कच्चा पनीर कम मात्रा में खईला से वजन कम हो जाला।

त्वचा अवुरी बाल खातीर- पनीर में उच्च गुणवत्ता वाला प्रोटीन होखेला जवन कि बाल अवुरी त्वचा के मजबूत बनावेला। पनीर शरीर के फिट राखे अवुरी सभ काम के सही तरीका से करे में मदद करेला। एकरा से शरीर में प्रोटीन के कमी पूरा हो सकता।

मांसपेशियन के मजबूत बनावेला- अगर रउआ जिम भा कवनो दोसरा तरह के भारी कसरत करेनी तs पनीर के सेवन जरूर करीं। पनीर खईला से मांसपेशी के निर्माण में मदद मिलेला। प्रोटीन मांसपेशियन के मरम्मत करेला।

 

 

 

Tags :
HealthHealth Newshealth news in BhojpuriPaneerPowerfood
Advertisement
Next Article