For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Air India: एयर इंडिया के फ्लाइट में बम के सूचना पs मचा हड़कंप, टॉयलेट में टिशू पेपर पs लिखल मिलल ई बात

01:38 PM May 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
air india  एयर इंडिया के फ्लाइट में बम के सूचना पs मचा हड़कंप  टॉयलेट में टिशू पेपर पs लिखल मिलल ई बात
Advertisement

आईजीआई हवाईअड्डे पs दिल्ली-वडोदरा एयर इंडिया के एगो फ्लाइट में ओह समय दहशत फइल गइल, जब चालक दल के एगो सदस्य विमान के शौचालय में एगो टिशू पेपर देखलस, जवना पs बम शब्द लिखल रहे।

Advertisement

बम के सूचना पs तुरंत यात्रियन के फ्लाइट से नीचे उतारल गइल। मवका पs पहुंचल बम आ डॉग स्क्वायड के टीम सर्च ऑपरेशन चलावल, बाकिर कुछओ संदिग्ध ना मिलल। बाद में दोसर विमान से यात्रियन के रवाना कइल गइल।

जानकारी के मोताबिक, एयर इंडिया प्लेन में एगो टिशू पेपर मिलल रहे, जवना पs बम लिखल रहे। जवना के देखतही यात्री आ चालक दल में हड़कंप मच गइल। यात्रियन के फ्लाइट से नीचे उतारल गइल। बतावल जा रहल बा कि घंटन छानबीन के बादो कुछो ना मिलल।

पुलिस के मोताबिक, 15 मई के सांझ लगभग 7:30 बजे वड़ोदरा खातिर प्रस्थान करे वाली एयर इंडिया के फ्लाइट के शौचालय में एगो टिशू पेपर पावल गइला के बारे में एगो सूचना प्राप्त भइल, जवना पs बम शब्द लिखल रहे। सूचना के बाद पूरा फ्लाइट में तलाशी अभियान चलावल गइल। फ्लाइट के कोना-कोना से लेके यात्रियन के सामान तक के खंगारल गइल, बाकिर कुछो संदिग्ध ना मिलल।

Tags :
Advertisement