For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

देवरिया में चोरन के अफवाह से फइलल दहशत, रात भर जाग रहल बाड़े गांव के लोग

04:27 PM Sep 01, 2024 IST | Sonu Kishor
देवरिया में चोरन के अफवाह से फइलल दहशत  रात भर जाग रहल बाड़े गांव के लोग
Advertisement

ए घरी यूपी के देवरिया जिला में चोर के अफवाहन के चलते लोग घबराहट में बा। ग्रामीण इलाका में चोर घूमे के अफवाह आ चोरी होखे के चलते लोग रात में नींद नइखे आवत। कई जगहा गांव के लोगो रात में चौकस रखले बाड़े। पिछला हफ्ता एगो चिट्ठी सोशल मीडिया पs वायरल भइल रहे। एमें गौरी बाजार थाना के बैतालपुर चौकी पुलिस चोरी के घटना सही बतावत रहे आ चोर के लगे हथियारो बा ओमें इहो लिखल रहें। अइसना में लोग के रात में जागल रहे के चाही आ बत्ती जरा के राखे के चाही। हालांकि पुलिस ए वायरल चिट्ठी के फर्जी बतवलस आ अफवाह पs ध्यान ना देवे के अपील कइलस।

Advertisement

जिला में चोरी के अफवाह से लोग के नींद उड़ गइल बा। अफवाह के चलते ग्रामीण इलाका के लोग हर आदमी के आवे जाए वाला पs नजर रखले बाड़े। एक ओर जहां गांव के लोग रात में चौकस रखले बाड़े, उहें दिन में गांव में आवे जाए वाला अनजान लोग से पूछताछो करतारे। चोरी के अफवाह के चलते गांव में फेरी के माध्यम से सामान बेचे वाला लोग के समस्या बढ़ गइल बा, काहेंकी लोग शक के नजर से देख रहल बा। शहरो में चोर के डर बा। बाकिर शहर में हर जगह स्ट्रीट लाइट जरत बा आ पुलिस के गश्त के चलते डर गांव के मुक़ाबले में कम बा।

चोर कबो रउआ गांव आ रउआ घर में आ सकऽ ताड़े 

पिछला हफ्ता सोशल मीडिया पs एगो चिट्ठी वायरल कऽ के अफवाह के अउरी मजबूत करे के कोशिश कइल गइल रहे। वायरल चिट्ठी में गौरी बाजार थाना के बैतालपुर थाना चौकी जनता से गोहार लगवले रहे कि ए घरी हो रहल चोरी एकदम सही बा कि सब गाँव के लोग के बता दीं। रउरा लोग एकरा के हल्का में मत लीं। काहे कि कई जगहा चोरी के सबूत मिलल बा। चिट्ठी में इहो कहल गइल रहे कि ई कवनो साधारण चोर ना हउवे। इनका लगे हथियारो बा। अइसना में आप लोग के देर रात तक अपना गांव में चौकस रहीं। काहे कि रउरा गाँव आ रउरा घर में चोर कबो आ सकेला। रउरा लोग सावधान रहीं आ बत्ती जरा के राखीं। चिट्ठी के नीचे के कोना में पुलिस के रंग खींच के ' आज्ञा से प्रभारी बैतालपुर अनुमति से लिखल रहे'।

Deoriya
देवरिया जिला वायरल चिट्ठी

पुलिस वायरल चिट्ठी के फर्जी बतवले बिया

सोशल मीडिया पs ई चिट्ठी वायरल भइला के बाद लोग में दहशत बेसी बढ़ गइल बा। हालांकि पुलिस ए चिट्ठी के फर्जी आ झूठ बतवले बिया। साथही अफवाह पs ध्यान ना देवे के अपील कइले बिया। बाकिर जनता में दहशत जारी बा। बैतालपुर पुलिस चौकी प्रभारी धर्मेन्द्र सिंह बतवले कि पुलिस के ओर से अइसन कवनो चिट्ठी जारी नइखे भइल। ई तऽ नकली बा। अफवाहन पऽ ध्यान ना देवे के चाहीं।

Tags :
Advertisement