टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पंकज त्रिपाठी राम मंदिर प्राण प्रतिष्ठा में जाए से कइले मना? कहले- हम तीर्थ स्थानन के दर्शन...

03:22 PM Jan 19, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

पंकज त्रिपाठी के आवे वाली फिलिम ‘ मैं अटल हूँ’ 19 जनवरी के सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा। अइसना में पंकज त्रिपाठी एह फिलिम के प्रचार बहुते जोर से करत बाड़न। हाल ही में प्रमोशन के दौरान पंकज त्रिपाठी से पूछल गईल कि का उ 22 जनवरी के प्राण प्रतिष्ठा कार्यक्रम खातीर राम मंदिर जईहे? एकरा जवाब में उ कुछ अयीसन कहले जवन कि सभके हैरान कs देले।

अयोध्या जाए के सवाल पs पंकज का कहले?

पंकज त्रिपाठी दैनिक भास्कर के दिहल साक्षात्कार में कहले कि, 'हम पूर्वांचल के निवासी हई।' कवनो दिन चुपके से जाके श्री राम के दर्शन करब। दुनिया के नजर से दूर तीर्थ स्थल के दौरा करेनी। उहाँ हम अपना परिवार के साथे शांति से ध्यान करेनी। बातचीत के दौरान पंकज त्रिपाठी से इहो पूछल गईल कि उ रामायण के कवन किरदार निभावल चाहब?

पंकज मर्यादा पुरुषोत्तम के किरदार निभावल चाहत बाड़न

अभिनेता कहले कि मर्यादा पुरुषोत्तम श्रीराम हमार फेवरेट बाड़े। हम तs उनुकर किरदार खाली निभावल चाहब। हालांकि अब हम ओह उमिर समूह के नइखीं। हमार उमिर 48 साल बा आ फिलिमन में हमनी के हमेशा यंग श्री राम के कहानी सुनावेनी जा। बाकिर, एह सब के बावजूद अगर कवनो फिल्मकार हमरा पर भरोसा जतइहें तs हम जरूर करब। बता दीं कि राम मंदिर के उद्घाटन समारोह 22 जनवरी के बा। एह समारोह में लगभग 7500 लोग के बोलावल गइल बा। खेल जगत से लेके फिल्म जगत तक के बहुत लोग के बोलावल गईल बा।

 

 

Tags :
ayodhyaPankaj tripathiRam Mandir
Advertisement
Next Article