टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Pappu Yadav : काउंटिंग से पहिले पप्पू यादव के बड़ राहत, एह केस में कोर्ट से मिलल जमानत; इहाँ पढ़ी डिटेल

10:09 AM Jun 02, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

लोकसभा चुनाव की काउंटिंग से पहिले पप्पू यादव के बड़ राहत मिल गइल बा। उनका एगो केस में कोर्ट से जमानत मिल गइल बा। पप्पू यादव सहित तीन लोग शनिचर को कोर्ट में हाजिर भइले। पूर्व सांसद के न्यायालय से जमानत दिहल गइल। बता दी कि चार जून के लोकसभा चुनाव के लेके मतगणना बा। उऽ पूर्णिया से निर्दलीय कैंडिडेट बाड़े।

Advertisement

Bihar Politics दूसरका चरण के लोकसभा चुनाव के दौरान वाहन से प्रचार सामग्री आ कैश बरामदगी के मामले में कोढ़ा थाना में पूर्व सांसद पप्पू यादव आ कुछ आउर लोग पs केस दर्ज कइल गइल रहे। पप्पू यादव (Pappu Yadav) सहित तीन लोग शनिचर के कोर्ट में हाजिर भइल।

पूर्व सांसद के न्यायालय से जमानत दिहल गइल। उक्त वाद में तृतीय अपर जिला आ सत्र न्यायाधीश समरेन्द्र गांधी के अदालत पप्पू यादव सहित आउर 10-10 हजार के दू मुचलकन पs जमानत पs मुक्त करे के आदेश दिहल गइल।

उक्त आदेश के आलोक में पूर्व सांसद के साथे बलराम यादव आ मोहम्मद अजमल बंध पत्र दाखिल कइले। बता दी कि कोढा अंचलाधिकारी अंजू कुमारी कोढा थाना में मामला दर्ज करवले रही।

चुनाव से एक दिन पहिले दर्ज भइल रहे मामला

Bihar News एमें कहल गइल रहे कि चुनाव के एक दिन पहिले सूचना मिलल कि पप्पू यादव अपना समर्थकन के साथे चुनाव में पइसा वितरण करे के लेके पूर्णिया से निकलेले। दलबल के साथे उनका के डिग्री चौक के समीप शादी भवन के लगे रोकल गइल रहे आ उनका परिचालन से संबंधित अनुमति तलाशी में सहयोग करे के कहल गइल।

पप्पू यादव आ उनकर समर्थक लो रोड पर भीड़ जमा करे के बाद रास्ता ब्लॉक कऽ देलस आ बगैर अनुमति के सभा संचालन करे लगले।

Tags :
bihar newsbihar politicsKhabar Bhojpuri NewsPapu yadavPoltics News Bihar
Advertisement
Next Article