टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Pappu Yadav Father Death: ना रहले पप्पू यादव के पिता चंद्र नारायण यादव

09:28 AM Sep 17, 2024 IST | Sonu Kishor
पप्पू यादव के पिता के पटना एम्स में निधन
Advertisement

पूर्णिया के सांसद पप्पू यादव के पिता चंद्र नारायण यादव के निधन हो गइल बा। उऽ पटना के एम्स अस्पताल में आपन आखिरी सांस लिहले। पप्पू यादव खुद ट्वीट के माध्यम से उनका निधन के जानकारी देले। एह घटना के बाद राजनीतिक गलियारा में शोक के लहर बा। पप्पू यादव एह ट्वीट के संगे एगो तस्वीरो शेयर कइले बाड़े।

Advertisement

तस्वीर शेयर करत पप्पू यादव सोशल मीडिया पs लिखले कि हमार दुनिया तबाह हो गइल! हमार रचनाकार, आदर्श, हमार विचार के केंद्र, हमार प्रेरणा के स्रोत, हमार मार्गदर्शक, हमार ताकत के स्रोत, हमार बाबूजी अब नइखन! पापा, हम तोहरा बिना कुछुओ नइखी!

चंद्र नारायण यादव बहुत दिन से बेमार रहले

बता दीं कि चंद्र नारायण यादव बहुत दिन से बेमार रहले। अबही कुछ दिन पहिले उनका के पूर्णिया से पटना एम्स ले आवल गइल रहे। जब उनका के पटना ले आवल गईल त पप्पू यादव उनका संगे अस्पताल में मौजूद रहले। पप्पू यादव ट्वीट के माध्यम से एह बारे में जानकारी देले रहले।

उऽ 9 सितंबर के एगो ट्वीट में लिखले कि बाबूजी के इलाज पटना एम्स में चलता। अबही काल्ह उनका के पूर्णिया से पटना एम्स ले आवल गइल। जनसेवा के सगरी जिम्मेदारी हम अपना साथियन के सौंप देले बानी आ बाबूजी के सेवा करे खातिर पटना में बानी। बाबू जी खाली हमार रचनाकार ना, उ हमार विचारधारा आ दर्शन के रचनाकारो हउवें, उहाँ के उपस्थिति हमार परम शक्ति हऽ।

Tags :
big breaking newsbihar newsbihar politicsPappu YadavPapu yadavPapu Yadav father death
Advertisement
Next Article