टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पापुआ न्यू गिनी में भूस्खलन मचवलस तबाही, 100 से अधिक लोगन के गईल जान; भइल भारी नुकसान

11:56 AM May 24, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

मेलबर्न : ऑस्ट्रेलियन ब्रॉडकास्टिंग कॉर्प (एबीसी) के कहल बा कि बियफे के दिने सुदूर पापुआ न्यू गिनी में भइल भूस्खलन में सौ से अधिका लोग के मउत के आशंका बा. भूस्खलन दक्षिण प्रशांत द्वीपीय राष्ट्र के राजधानी पोर्ट मोरेस्बी से करीब 600 किलोमीटर उत्तर-पश्चिम में एंगा प्रांत के काओकलाम गांव में भईल बतावल जाता। स्थानीय समय के अनुसार सबेरे तीन बजे के आसपास इs दुर्घटना भईल। इलाका के निवासी लोग के कहनाम बा कि मरेवाला लोग के संख्या 100 से जादे हो सकता। हालांकि अधिकारी ए आंकड़ा के पुष्टि नईखे भइल।

स्थानीय लोग बचाव कार्यकर्ता के मदद कs रहल बाड़े 

भूस्खलन के चलते कई गांव के बहुत घर पूरा तरह से तबाह हो चुकल बा। राहत आ बचाव कार्यकर्ता एहिजा के लोग के निकाले में लागल बाड़े. कई गो शव निकालल गइल बा. भूस्खलन के बाद दफन लाश निकाले में स्थानीय लोग राहत आ बचाव कार्यकर्ता के मदद कs रहल बाड़े।

 

 

 

 

 

 

 

Tags :
EarthquakeLandslidePapua New Guinea
Advertisement
Next Article