परख परखलस लईकन आ शिक्षकन के टैलेंट
देवरिया(अखिलेश कुमार सिंह)। केंद्र सरकार आ एनसीईआरटी के ओर से देसभर के चुनिंदा स्कूलन में चार दिसंबर के परख राष्ट्रीय सर्वेक्षण 2024 के आयोजन कइल गइल। एह सर्वेक्षण में अलग-अलग सरकारी आ निजी स्कूलन के कक्षा तीन, छव आ नव के छात्र-छात्राएं सामिल भइल लो।
एकरा अंतर्गत आयोजित कार्यक्रम में श्री अनन्त इंटरमीडिएट कॉलेज सतरांव में ग्रेड नव के छात्र, शिक्षक आ प्रधानाचार्य भाग लिहल लो। एकर ऑब्जर्वर सीबीएसई के कोमल श्रीवास्तव आ फआई डायट के छात्रा मानशी श्रीवास्तव रहल लो।
स्कूली शिक्षा के गुणवत्ता बढ़ावल बा उद्देश्य
स्कूली शिक्षा के गुणवत्ता, मानक आ मूल्यांकन प्रणाली के बेहतर बनावे खातिर राष्ट्रीय स्तर पs एगो स्वतंत्र इकाई परख के गठन कइल गइल बा। परख के राष्ट्रीय शिक्षा नीति (NEP)- 2020 के कार्यान्वयन के एगो भाग के रूप में लागू कइल गइल बा। ई NCERT के एगो हिस्सा के रूप में काम कs रहल बा। एकरा संगही “नेशनल अचीवमेंट सर्वे” (NAS) आ “स्टेट अचीवमेंट सर्वे” (SAS) जइसन परिक्षण आयोजित करे के काम सउपल गइल बा।