टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

ल‌इका हो ग‌इल बा जिद्दी आ देता उल्टा जवाब तs डांटीं नाहीं बस ईs 4 गो करीं काम, बन जाई आज्ञाकारी आ संस्कारी लाडला

02:26 PM Feb 12, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

Parenting Tips: एगो शोध में ईs पाइल ग‌इल बा कि ल‌इकन के डटले आ मरले से उनकरा मे सुधार नाहीं होला, बल्कि उs अउरी जिद्दी आ गुस्‍सैल हो जाला इहे नाहीं, कम उमिर में ओकरे डिप्रेशन (Depression) आ नेगेटिविटी आवे लगेला आ उs कईगो गलत कदम उठावे लगेला। एs तरह से रउरा ईs सोचत बानी की रउरा आपन ल‌इका के बदतमीजी के मारपीट के आ डांट-डपट के ठीक क‌s सकेनी तs आपकर सोच गलत बा। इहां हम बताएब की रउरा बत्तमीज आ जिद्दी (stubborn) होत ल‌इकन में कवने तरह से सुधार(discipline)  सकेनी। कुल माता पिता चाहेले कि उनकरी ल‌इका काबिल बने आ उनकर बात सुनें। अ‌ईसे में एs बात के विशेष ध्यान राखीं पैरंट्स।

बदतमीज आ जिद्दी ल‌इकन के आदत में एs तरह लाईं सुधार (How to discipline your child)

•ल‌इकन के देंई समय

यूनीसेफ के एगो रिसर्च में ई पाइल ग‌इल बा कि अगर माता पिता ल‌इकन के खातिर समय नाहीं निकाल पावत हैं आ उनकरी परेशानी के सुन नइखी पावत तs अ‌इसन ल‌इका आपन माता पिता आ अन्‍य लोगन के साथे बदतमीजी करे लगेले आ जिद्दी बन जाले  एs खातिर टीवी, मोबाइल के बंद क‌s के ल‌इकन के खातिर पर्सनल समय निकालीं।

•अच्‍छा आदतन के करीं तारीफ

ल‌इकन के आदतन के सुधारे के बा तs उनकर अच्छा आदतन के रीकॉल करीं आ ओकर तारीफ करीं।बेहतर होई कि आप तारीफ लोगन के सामने करीं।एs तरह ओके अच्‍छा काम करे के खातिर मोटिवेशन मिलीं आ उs बुरा आदतन के खुद छोड़े लागीं।

• लइका के गाइड करीं

ल‌इकन के सही समय देख के इs जरूर बताईं कि उनकरी खातिर का करल अच्‍छा होई आ का बुरा।एs तरह उs सही दिसा के चुन प‌इहें आ हौसला के साथे ओ दिसा में आगे कदम बढ़ा प‌इहें।

•क्रिएटिव बनाईं

शोध में इ पावल ग‌इल हs कि अगर ल‌इका के खाली रखले के बजाय अगर क्रिएटिव काम के करे में लगा दिहल जाए तs उ कुछ नया क‌रे के खातिर अफर्ट करीहें। एसे उनकरा दिमाग पॉजिटिव रहीं आ उs अच्‍छा व्‍यवहार करींहें।

(अस्वीकरण: सलाह सहित इह सामग्री केवल सामान्य जानकारी प्रदान करेला । एकर कवनो तरही से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे। ) 

 

 

Tags :
LifestyleLifestyle Newslifestyle news in bhojpuriParentingParenting Tips
Advertisement
Next Article