For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Paris Olympics 2024: भारत के खाता में पहिला मेडल, मनु भाकर 10 मीटर एयर पिस्टल में जीतली ब्रॉन्ज

08:09 AM Jul 29, 2024 IST | Sonu Kishor
paris olympics 2024  भारत के खाता में पहिला मेडल  मनु भाकर 10 मीटर एयर पिस्टल में जीतली ब्रॉन्ज
Advertisement

Paris Olympics 2024: पेरिस ओलंपिक में मनु भाकर कांस्य पदक जीतली। उऽ ओलंपिक में पदक जीते वाली पहिला भारतीय महिला शूटर बनली। उऽ 10 मीटर एयर पिस्तौल प्रतियोगिता में फाइनल में पहुंचे वाली पहिला महिला बाड़ी। इ सफलता पूरा देश के प्रयास आ समर्थन के नतीजा ह।

Advertisement

जब पूरा देश के उम्मीद बा कि पेरिस ओलंपिक में हमनी के एथलीट टोक्यो में जीतल 7 गो पदक के रिकार्ड तोड़ के एगो नया आ लमहर लकीर बना दीहें तऽ मनु भाकर के जीत के खबर से स्वाभाविक रूप से सभकर उत्साह कई गुना बढ़ गइल बा। उनकर कांस्य पदक खाली एहसे महत्वपूर्ण नइखे कि पेरिस ओलंपिक में भारतीय एथलीट के ई पहिला पदक हऽ, एह उपलब्धि के ऐतिहासिक महिमा के पीछे आउरी बहुत कुछ बा।

पहिला बात ई बा कि मनु कांस्य पदक के सफलतापूर्वक निशाना बना के एके साथे कई गो रिकार्ड बनवले बाड़ी। उऽ देश के पहिला महिला शूटर बन गइल बाड़ी जे ओलंपिक पदक जीतले बाड़ी। एकरा से पहिले एह ऑल बॉयज क्लब में खाली राज्यवर्धन सिंह राठौर, अभिनव बिंद्रा, गगन नारंग आ विजय कुमार रहले। एतने ना, मनु पिछला 20 साल में पहिला महिला बन गइली जवन कि व्यक्तिगत स्पर्धा में ओलंपिक फाइनल में पहुंच गइली। आज तक 10 मीटर एयर पिस्तौल प्रतियोगिता में कवनो महिला शूटर ओलंपिक फाइनल तक ना पहुंचल रहली।

सफर महत्वपूर्ण रहल बा : मनु के उतार चढ़ाव के सफरो उहाँ के पहुँचल मंजिल के खास बनावेला। आसानी से समझल जा सकेला कि कवनो किशोर के महज 19 साल के उमिर में टोक्यो ओलंपिक में चहुँप के अचानक पिस्तौल के खराबी के चलते ओकरा से चूक गइल केतना बड़हन झटका लागी। मनु ना खाली ओह झटका से उबरली बलुक ठीक अगिला ओलंपिक में जीत दर्ज करा के अपना लड़ाई के भावना के पुष्टि कइली।

सबसे बड़ बात इ बा कि मनु सिर्फ एथलीट ना हईं। उ देश के शान ले आवे के अभियान में लागल युवा एथलीटन के पूरा समुदाय के प्रतिनिधित्व करेली। नीरज चोपड़ा होखे भा पी.वी.सिंधु भा विनेश फोगाट आ मीराबाई चनु - ई ओह दर्जनों नामन में शामिल बा जे आपन खून-पसीना जरा के देश के प्रतिष्ठा बढ़ावे में लागल बा। जदि अगिला कुछ दिन में एमें से बहुते नाम देश के सोना के मेडल उपलब्ध करावे तऽ कवनो आश्चर्य के बात ना होखी।

एह बिंदु पs ओह प्रयास के रिकार्ड कइलो जरूरी हो जाला जेकरा चलते ई खिलाड़ी लोग बढ़िया प्रदर्शन करे में सक्षम बा। सरकार के ओर से दिहल गइल सुविधा होखे चाहे भारतीय कॉरपोरेट दुनिया के प्रायोजित सुविधा - एह लोग के बढ़त ग्राफ अइसन माहौल बनावेला, जवना में खिलाड़ी उच्च मनोबल के संगे पदक तक पहुंचे खातिर छलांग लगावे में सक्षम होखेला। ध्यान देवे वाला बात बा कि पिछला इवेंट के मोकाबला इंडिया इंक पेरिस ओलंपिक में आपन निवेश 30-40 प्रतिशत बढ़ा देले बिया। मनु के ताजा उपलब्धि के खासियत ई बा कि एमें पूरा देश के भावना, उत्साह आ प्रोत्साहन के झलक मिलत बा।

Tags :
Advertisement