For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Paris Olympics 2024: भाला फेंक स्पर्धा के क्वालिफिकेशन में आज उतरिहें नीरज चोपड़ा, दमदार प्रदर्शन के उम्मीद

10:36 AM Aug 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
paris olympics 2024  भाला फेंक स्पर्धा के क्वालिफिकेशन में आज उतरिहें नीरज चोपड़ा  दमदार प्रदर्शन के उम्मीद
Advertisement

भारतीय एथलेटिक्स खातिर कइयन कीर्तिमान रच चुकल नीरज चोपड़ा अपना दूसरा ओलंपिक में एक बेर फेर अपना भाला से इतिहास रचल चहिहें। चूंकि भारतीयन के उनका से एक बेर फेर स्वर्ण पदक के उम्मीद बा। उनकर अप्रतिम निरंतरता के एक बेर फेर परीक्षा होई, काहेकि पूरा सत्र में ऊ जांघ के भीतरी हिस्सा के मांसपेशी में (एडक्टर) परेसानी से जूझते आइल बाड़ें। ऊ मंगर के क्वालिफिकेशन दौर में उतरी आ फाइनल आठ अगस्त के होई।

Advertisement

स्वास्थ्य कारणन के चलत जादे टूर्नामेंट में ना लेलें भाग

एह साल चोपड़ा खाली तीन स्पर्धन में भाग लेलें, बाकिर उनकर बाकी प्रतिस्पर्धियों अच्छा प्रदर्शन ना कs पावल लो।दोहा डायमंड लीग में मई में चोपड़ा 88.36 मीटर के थ्रो फेंकलें। ओहिजा, एडक्टर में असहजता के कारण 28 मई के ओस्ट्रावा गोल्डन स्पाइक में एहतियात के तौर पs भाग ना लिहलें। ऊ जून में फिनलैंड में पावो नुरमी खेलन में 85.97 मीटर के थ्रो फेंकके स्वर्ण के संगे वापसी कइलें। एकरा बाद सात जुलाई के पेरिस डायमंड लीग में भाग ना लेलें। उनकर कोच फिटनेस के लेके चिंता के खारिज करत कहलें कि अब उनका एडक्टर में कवनो परेसानी नइखे आ ऊ कड़ा अभ्यास कs रहल बा लो।

दुगो स्वर्ण जीते वाला बन जइहें पहिला भारतीय

चोपड़ा जदि स्वर्ण जीतत बाड़ें तs ओलंपिक के इतिहास में खिताब बरकरार रखे वाला पांचवां खिलाड़ी बनिहें। एकरा संगही ओलंपिक व्यक्तिगत वर्ग में दुगो स्वर्ण पदक जीते वाला पहिला भारतीय बन जइहें। ओलंपिक के पुरुष भाला फेंक स्पर्धा में अभी तक एरिक लेमिंग (स्वीडन 1908 आ 1912), जोन्नी माइरा (फिनलैंड 1920 आ 1924), चोपड़ा के आदर्श जॉन जेलेंजी (चेक गणराज्य 1992 आ 1996) आउर आंद्रियास टी (नॉर्वे 2004 आ 2008) के ओलंपिक में भाला फेंक स्पर्धा में खिताब बरकरार रख सकल बा लो।

एह दिग्गजन से होई सामना, जेना दौड़ में

टोक्यो ओलंपिक के रजत पदक विजेता चेक गणराज्य के याकूब वालेश, जर्मनी के जूलियन वेबर आ पूर्व विश्व चैंपियन ग्रेनाडा के एंडरसन पीटर्स उनका के फेर से चुनौती दिहेें। भारत के किशोर जेना दौड़ में बाड़ें, जे पिछला साल एशियाई खेलन में 87.54 मीटर के थ्रो फेंकके क्वालिफाई कइले रहस, बाकिर ओकरा बाद से 80 मीटर तक ना पहुंच पवलें।

Tags :
Advertisement