For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

पेरिस ओलंपिक: भारत अब तक के बेहतरीन देवे के तैयारी में बा

06:14 PM May 09, 2024 IST | Raj Nandani
पेरिस ओलंपिक  भारत अब तक के बेहतरीन देवे के तैयारी में बा
Advertisement

दुनिया के सबसे बड़ खेल मेला यानी ओलंपिक खेल के आयोजन पेरिस में अबकी 26 जुलाई से 11 अगस्त तक होखे वाला बा। भारतीय खिलाड़ी एह घरी एह खेलन के तइयारी के अंतिम रूप देबे में व्यस्त बाड़े ।

Advertisement

अबहीं ले पुरुष हॉकी टीम समेत 83 गो भारतीय खिलाड़ी एह खेलन में भाग लेबे खातिर क्वालीफाई कर चुकल बाड़े ।

बाकिर एह खेलन खातिर क्वालीफाइंग टूर्नामेंट के आयोजन 30 जून ले हो रहल बा एहसे एहमें भाग लेबे वाला भारतीय खिलाड़ियन के संख्या बढ़ल तय बा ।

पेरिस के अलावा ई खेल फ्रांस के 16 गो अउरी शहरन में आयोजित कइल जा रहल बा। एह खेलन में भाग लेबे वाला खिलाड़ियन के संख्या दस हजार पाँच सौ तय कइल गइल बा। एहमें 32 गो खेलन के 329 गो आयोजन होखे वाला बा ।

Tags :
Advertisement