For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Paris Olympics: भारतीय निशानेबाजन के खराब शुरुआत, 10 मीटर एयर राइफल मिक्स्ड टीम के क्वालीफिकेशन से बाहर

02:26 PM Jul 27, 2024 IST | Sonu Kishor
paris olympics  भारतीय निशानेबाजन के खराब शुरुआत  10 मीटर एयर राइफल मिक्स्ड टीम के क्वालीफिकेशन से बाहर
Advertisement

Paris Olympics: रमिता आ अर्जुन बबौता के जोड़ी कुल 628.7 अंक ले के छठवाँ जगहा पs रहल जबकि एलावेनिल वलारिवन आ संदीप सिंह 626.3 अंक ले के बारहवाँ जगहा पs आपन अभियान खतम कइले।

Advertisement

पेरिस ओलंपिक में भारतीय शूटरन के शुरुआत बढ़िया ना रहल। भारतीय शूटर खुद 10 मीटर एयर राइफल मिक्स टीम क्वालीफाइंग से बाहर हो गइलें आ पदक दौर में ना चहुँप पवले। रमिता आ अर्जुन बबौता के जोड़ी कुल 628.7 अंक ले के छठवाँ जगहा पs रहल जबकि एलावेनिल वलारिवन आ संदीप सिंह 626.3 अंक ले के बारहवाँ जगहा पs आपन अभियान खतम कइले।

रमिता आ अर्जुन नजदीक आके चूक गइले 

रमिता आ अर्जुन के तीन गो शॉट बाकी रहला के बाद पाँचवा जगहा पs रहले आ पदक दौर खातिर क्वालीफाइंग के करीब रहले बाकिर भारतीय जोड़ी 1.0 अंक पीछे रह गइल। अर्जुन दुसरका रिले में बढ़िया शुरुआत कइलन आ 10.5, 10.6, 10.5, 10.9 के स्कोर बनवले जबकि रमिता दुसरका सीरीज में 10.2, 10.7, 10.3, 10.1 के स्कोर बनावे में कामयाब रहली। एह लोग के कोशिश का चलते ई जोड़ी टॉप आठ में बनल रहल। हालांकि ई स्कोर पदक दौर में जगह बनावे खातिर पर्याप्त ना रहल। पदक दौर में चहुँपे खातिर टॉप फोर में खतम होखल जरूरी रहे। क्वालीफाइंग दौर में चीन, कोरिया आ कजाकिस्तान के टीम पहिला तीन जगहा पर रहल।

Tags :
Advertisement