For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Paris Paralympics: आज बाजी पैरालंपिक के बिगुल, उद्घाटन समारोह में भारतीय दल के 100 से जादे सदस्य होई लो शामिल

12:29 PM Aug 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
paris paralympics  आज बाजी पैरालंपिक के बिगुल  उद्घाटन समारोह में भारतीय दल के 100 से जादे सदस्य होई लो शामिल
Advertisement

ओलंपिक 2024 के मेजबानी के बाद पेरिस पैरालंपिक के में l जबानी खातिर तइयार बा। आज एह टूर्नामेंट के आगाज होई। पेरिस पैरालंपिक के उद्घाटन समारोह में भारतीय दल के 100 से जादे सदस्य भाग ली लो। एमे 52 खिलाड़ी सामिल बा लो। दिलचस्प बात ई बा कि खेलन के इतिहास में उद्घाटन समारोह पहिला बाद स्टेडियम से बाहर आयोजित होई। ओहिजा, जवन खिलाड़ियन के बियफे के प्रतियोगिता बा, ऊ देसन के परेड के हिस्सा ना बनी लो। एमे 10 सदस्यीय निशानेबाजी दल सामिल बा।

Advertisement

झाझरिया के बयान

भारतीय पैरालंपिक समिति के अध्यक्ष देवेंद्र झाझरिया कहलें- जवना खिलाड़ियन के 29 अगस्त के स्पर्धा बा  ऊ  लोग उद्घाटन समारोह में भाग ना ली। निशानेबाजी टीम देसन के परेड में भाग ना ली। देसन कर परेड में भारत के 106 सदस्य हिस्सा लो। जेमे 52 खिलाड़ी आ 54 अधिकारी बा लो।

भालाफेंक खिलाड़ी सुमित अंतिल (एफ 64) आ शॉटपुट खिलाड़ी भाग्यश्री जाधव ( एफ34) भारत के संयुक्त ध्वजवाहक होई लो। उद्घाटन समारोह चैंप्स एलिसीस आ प्लेस डे ला कोंकोर्ड में आयोजित होई। भारत पेरिस पैरालंपिक में रिकॉर्ड 84 सदस्यीय दल भेजले बा।

भारतीय दल में कुल 179 सदस्य सामिल

भारत के 84 सदस्यीय टीम 28 अगस्त से सुरू हो रहल पेरिस पैरालंपिक में हिस्सा ली। जवना में ओह लोगन के संगे 95 अधिकारियो गइल बा लो। खिलाड़ियन के विशेष जरूरतन के देखत ओह लोगन संगे निजी कोच आ सहजोगी सामिल बा लो। हो बरह कल्केस तरह भारत के दल में कुल 179 सदस्य सामिल बा लो। एमे 95 अधिकारियन में से 77 टीम अधिकारी, नौ दल के चिकित्सा अधिकारी आ नव गो आउर दल अधिकारी सामिल बा लो।

भारतीय दल से रिकॉर्ड पदक ले आवे के रही उम्मीद

भारत 2021 में टोक्यो पैरालंपिक में पांच स्वर्ण सहित रिकॉर्ड 19 पदक जीतेले रहे आ ऊ समग्र रैंकिंग में 24वां स्थान पs रहल रहे। एकरा तीन साल बाद भारत के लक्ष्य स्वर्ण पदकन के संख्या दोहरा अंक में पहुंचावे आ कुल 25 से अधिक पदक जीतले बा लो। भारत अबकी बेर 12 खेलन में भाग ले रहल बा, जबकि टोक्यो में 54 सदस्यीय टीम नव खेलन में भाग लेले रहे लो।

Advertisement