For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Parliament: राहुल गांधी आज लोकसभा में बजट पर आपन बात राख सकेलें, कांग्रेस सांसदन के माँग उनका संबोधन खातिर तेज हो रहल बा

08:49 AM Jul 29, 2024 IST | Khabar Editor
parliament  राहुल गांधी आज लोकसभा में बजट पर आपन बात राख सकेलें  कांग्रेस सांसदन के माँग उनका संबोधन खातिर तेज हो रहल बा
Advertisement

कांग्रेस लोकसभा सांसदन से भइल मुलाकात में राहुल गांधी कहले रहले कि चूंकि संसद के विशेष अधिवेशन के दौरान उनकर बात पहिलहीं हो चुकल बा एहसे उनकर मानना बा कि उनका हर बेर बोले के बजाय दोसरो लोग के बारी-बारी से बोले के मौका दिहल जाव ।

Advertisement

विपक्षी नेता राहुल गांधी आज दुपहरिया दू बजे लोकसभा में केंद्रीय बजट 2024 पर आपन बात राख सकेलें। कांग्रेस सांसदन के मानना बा कि राहुल के निचला सदन के संबोधित करे के चाहीं, विपक्ष के नेता के रूप में उनकर संबोधन के बहुते असर पड़ी। हालांकि राहुल गांधी अभी तक अंतिम फैसला नइखन कइले। पार्टी सूत्र के मुताबिक कांग्रेस सांसद के मांग के चलते ऊ आज सबेरे निचला सदन के संबोधित करे पs फैसला करीहे।

एकरा से पहिले कांग्रेस लोकसभा सांसदन से भइल बइठक में राहुल गांधी कहले रहले कि चूंकि संसद के विशेष सत्र का दौरान उनकर बात पहिलहीं हो चुकल बा एहसे उनकर मानना बा कि उनका हर बेर बोले का बजाय दोसरा के भी एक-एक क के बोले के चाहीं ।

राहुल गांधी मंगल के दिने पेश केंद्रीय बजट के चलते सत्ताधारी भारतीय जनता पार्टी पर निशाना साधत कहले कि ई ‘भारत के संघीय संरचना के गरिमा’ पर हमला हs। ऊ फेसबुक पs एगो पोस्ट में कहले कि, 'ई बजट भारत के संघीय संरचना के गरिमा पs हमला बा - सत्ता बचावे के लालच में देश के आ राज्य के उपेक्षा अउरी भेदभाव भइल बा।' एही बीच बियफे के दिने संसद परिसर में विपक्षी गठबंधन भारत के बजट के खिलाफ विरोध प्रदर्शन में कांग्रेस सांसद राहुल भाग लिहले ।

दूसर ओर कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खर्गे राज्यसभा में संक्षेप में बोलत वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण के ओर से पेश केंद्रीय बजट में विपक्ष शासित राज्य के संगे भेदभाव के आरोप लगवले। सदन में विपक्ष के नेता के रूप में ऊ कहले कि सीतारमण के भाषण में सिर्फ दु राज्य खातीर परियोजना के जिक्र बा। खर्गे कहले कि अइसन बजट कबहूँ पेश ना भइल। जदयू-टीडीपी के समर्थन पs निर्भर भाजपा के नेतृत्व वाली सरकार के बचावे खाती ई काम भइल बा।

Tags :
Advertisement