टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Pashupati Paras Resign: 'हमरा पार्टी के साथे नइखे भइल न्याय...', नाराज पशुपति पारस केंद्रीय मंत्रिमंडल से दिहले इस्तीफा

12:57 PM Mar 19, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

पशुपति पारस केंद्रीय मंत्रिमंडल से इस्तीफा दे देले बाड़न। अब उऽ महागठबंधन में शामिल हो सकत बाड़े। सोमार के राजग के ओर से बिहार के कुल 40 लोकसभा सीटन के बंटवारा के घोषणा के बाद पारस अपना सरकारी आवास पऽ पार्टी के नेता लो के साथे बइठक कइले। एमें राजग से नाता तोड़ के महागठबंधन में शामिल होखे के फैसला लिहल गइल। हालांकि आधिकारिक तौर पऽ एकर पुष्टि नइखे भइल।

Advertisement

पशुपति पारस केंद्रीय मंत्रिमंडल से इस्तीफा दे देले बाड़े। एनडीए में सीट बंटवारे के बाद से उऽ नाराज चल रहल बाड़े। अब मानल जा रहल बा कि उऽ महागठबंधन में शामिल हो सकत बाड़े।

इस्तीफा के बाद मीडिया से बातचीत के क्रम में पशुपति पारस कहले कि सोमार के एनडीए में सीटन के बंटवारा हो गइल। हम पांच-छह दिन पहिलहीं कहले रहीं कि हम तबले इंतजार करब जबले एनडीए के सीटन के घोषणा आधिकारिक तौर पऽ ना हो जाई।

पशुपति आगे कहले कि उऽ ईमानदारी से एनडीए के सेवा कइले, आजो उऽ पीएम मोदी के शुक्रगुजार बाड़े, बाकिर हमार पार्टी आ व्यक्तिगत रूप से हमरा साथे ना इंसाफी भइल। उऽ कहले कि एहिसे उऽ केंद्रीय मंत्री के पद से इस्तीफा दे देले।

गौर करे वाला बात बा कि चिराग पासवान के पार्टी लोजपा रामविलास के एनडीए में पांच गो सीट मिलल बा। ओहिजा, पशुपति के पार्टी के एको सीट नइखे मिलल। एही वजह से पशुपति पारस नाराज चल रहल बाड़े। एकरा बाद से उऽ अब ई कदम उठवले हऽ।

Tags :
Bhojpuri NewsBihar chunavbihar politicsBjpBJP GovernmentChirag PaswanChunavChunav 2024Pashupati Kumar ParasPoltics News
Advertisement
Next Article