टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गणेश नाथ तिवारी‘विनायक' के कलम से रचना "पसीनवे से बहल जाता भरल जवानी"

11:45 AM Jun 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

झिल्लिये में खाना बा झिल्लिये में पानी

Advertisement

पसीनवे से बहल जाता भरल जवानी।।

अरब के कमाई पाके सभे अगराला
खरचा फोटानी नही तनिको रोकाला
बबुआ के झर गइल कपरा के चानी
पसीनवे से बहल जाता भरल जवानी।।

रुपिया के मरम खाली उनुके बुझाला
पाई पाई जोड़ के कइसे भेजाला
आवे जब घरे तब पुछिहs कहानी
पसीनवे से बहल जाता भरल जवानी।।

पर परिवार के उ सुख नाही पवले
सगरो जवानी उ अरब में बितवले
भइले रिटायर घरे भइल ना बखानी
पसीनवे से बहल जाता भरल जवानी।।

झिल्लिये में खाना बा झिल्लिये में पानी।
पसीनवे से बहल जाता भरल जवानी।।

परिचय

गणेश नाथ तिवारी ‘विनायक’ पेशा से इंजिनियर बाकिर भोजपुरी साहित्य से लगाव के कारने इहाँ के भोजपुरी में गीत कविता कहानी लिखत रहेनीं| भोजपुरी भासा से गहिराह लगाव राखे आला एगो अइसन मनई जेकर कलम जुवा सोच के बढिया सबदन में सजावेला| इहाँ के कइ गो कविता ‘आखर ई पत्रिका’, ‘सिरिजन तिमाही पत्रिका’ आदि में छपात रहेला| ‘जय भोजपुरी जय भोजपुरिया’ के संस्थापक सदस्यन में से एक गणेश जी भोजपुरी खातिर बेहतरीन काम क रहल बानीं|

Tags :
Bhojpuri LiteratureBhojpuri NewsBhojpuri Poemganesh nath tiwari vinayak
Advertisement
Next Article