For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Plane Crash: अफगानिस्तान में यात्री प्लेन भइल क्रैश, रास्ता भटक गइल रहे मॉस्को जा रहल विमान

01:35 PM Jan 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
plane crash  अफगानिस्तान में यात्री प्लेन भइल क्रैश  रास्ता भटक गइल रहे मॉस्को जा रहल विमान
Advertisement

अफगानिस्तान में एगो बड़हन हवाई दुर्घटना हो गइल बा। अफगान मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, एगो दुखद घटना में विमान अपना मूल रास्ता से हट के बदख्शां के जेबक जिला के एगो पहाड़ी इलाका में 20 जनवरी शनिचर के रात में दुर्घटनाग्रस्त हो गईल। अबे ले भारत सरकार अवुरी अफगानिस्तान सरकार के ओर से एs विमान के पहचान के लेके कवनो आधिकारिक बयान नईखे जारी भईल।

Advertisement

विमान भारत ना हs

भारतीय नागरिक उड्डयन मंत्रालय ट्विटर पs पोस्ट करत कहलस कि, 'अफगानिस्तान में अबे जवन दुर्भाग्यपूर्ण विमान दुर्घटना भईल बा, उ ना तs भारतीय विमान हs, ना गैर-अनुसूचित (एनएसओपी)/चार्टर विमान।' ई मोरक्कन पंजीकृत छोट विमान हs। अउरी जानकारी के इंतजार बा। एकरा से पहिले अफगान मीडिया में दावा कईल जात रहे कि इs विमान भारतीय हs।

Tags :
Advertisement