11 साल के लइकी से छेड़खानी के आरोप, यात्री लो रेल कर्मी के पीट- पीट के मार डलले
उत्तर प्रदेश के कानपुर से छेड़छाड़ के एगो मामला सोझा आईल बा, जवना में लोग आरोपी के पीट-पीट के हत्या कs देलस। दरअसल बरौनी से नई दिल्ली जाए वाला हमसफर एक्सप्रेस के एसी कोच में कुछ लोग रेलवे कर्मचारी के जम के पीटले। लखनऊ के ऐशबाग से चलत ट्रेन में रेलवे कर्मचारी के लोग पीटे लगले अवुरी कानपुर सेंट्रल स्टेशन अवले तक पीटत रहले। एतना मरले के बाद रेलवे कर्मचारी के मौत हो गईल।
रेलवे कर्मचारी के लोग काहे मार देले?
जीआरपी के मुताबिक हमसफर एक्सप्रेस के एम-1 कोच में एगो परिवार सफर करत रहे। उनुका संगे एगो 11 साल के लईकी भी यात्रा करत रहे। रेलवे कर्मचारी प्रशांत कुमार लईकी के अपना सीट पs बईठा देले रहले। रात में जब लईकी के महतारी शौचालय गईली तs रेलवे कर्मचारी लईकी के संगे छेड़छाड़ कईले। जब लईकी रोवे लागल तs रेलवे कर्मचारी ओकरा के डेरवा देलस जवना के चलते लईकी डेरा गईल। जब ओकर माई लवटल तs लइकी ओकरा के गले लगा के रोवे लागल। एकरा बाद माई अपना बेटी के लेके शौचालय में ले गईली अवुरी एकर कारन पूछली अवुरी लईकी सब कुछ बता देलस।
बेटी के संगे भईल घटना के जानकारी मिलला के बाद महिला अपना पति, ससुर के संगे-संगे अवुरी यात्री के एकरा बारे में जानकारी देली। एकरा बाद लईकी के परिवार अवुरी बाकी यात्री खिसिया गईले। खिसियाइल यात्री आरोपी के पकड़ के गैलरी में ले गईले अवुरी पीटे लगले। आरोपी कर्मचारी के जब लोग मारे लगले तs ट्रेन लखनऊ के ऐशबाग में रहे अवुरी कानपुर सेंट्रल पहुंचे ले उनुका के पीटत रहले अवुरी उहाँ पहुंचला के बाद पीड़िता के परिवार एs घटना के बारे में रेलवे कंट्रोल के जानकारी देले।