For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर से दिल्ली- मुंबई जाये वाला यात्रियन के मिली राहत: रेलवे चलाई 3 स्पेशल ट्रेन, जानीं का बा ट्रेनन के रूट

10:33 AM Oct 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
गोरखपुर से दिल्ली  मुंबई जाये वाला यात्रियन के मिली राहत  रेलवे चलाई 3 स्पेशल ट्रेन  जानीं का बा ट्रेनन के रूट
रेल यात्री खातीर बड़ खबर
Advertisement

गोरखपुर। दीपावली आ छठ पर्व के अवसर पs यात्रियन के बढ़त भीड़ के धयान में रखत रेलवे प्रशासन तीन गो नया फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन चलावे के निर्णय लिहल गइल बा। एमे गोरखपुर-दिल्ली, गोरखपुर-मुम्बई आ छपरा-नई दिल्ली रूट पs चले वाली ट्रेन सामिल बा। ई विशेष ट्रेन अक्टूबर आ नवंबर के महीनन में अलग-अलग ट्रिप खातिर निर्धारित तारीखन पs चलावल जाई, ताकि यात्रियन के अतिरिक्त सुविधा आ राहत मिल सके।

Advertisement

गोरखपुर-दिल्ली स्पेशल ट्रेन:

गोरखपुर से 05003 स्पेशल ट्रेन 30 अक्टूबर आ 06 नवंबर, 2024 के हर बुध के 21:15 बजे चली। ई ट्रेन खलीलाबाद, बस्ती, गोण्डा, बुढ़वल, सीतापुर जं., बरेली, मुरादाबाद आ गाजियाबाद होत दिल्ली पहुंचके 13:15 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 05004 दिल्ली-गोरखपुर स्पेशल ट्रेन 31 अक्टूबर आ 07 नवंबर, 2024 के 15:15 बजे दिल्ली से चली आ गोरखपुर 07:30 बजे पहुंची। एह ट्रेन में कुल 22 कोच होई, जेमे जनरेटर सह लगेज यान, साधारण द्वितीय श्रेणी, शयनयान श्रेणी आ वातानुकूलित तृतीय श्रेणी इकोनामी के कोच सामिल बा।

गोरखपुर-मुम्बई स्पेशल ट्रेन:

छत्रपति शिवाजी महाराज टर्मिनस (मुम्बई) से गोरखपुर खातिर 01019 अनारक्षित स्पेशल ट्रेन 28 अक्टूबर, 2024 के 14:30 बजे चली। ई ट्रेन दादर, थाणे, कल्याण, नासिक रोड, भुसावल, खण्डवा, इटारसी, भोपाल, बीना, झांसी, ऊरई, कानपुर सेन्ट्रल, लखनऊ, गोण्डा आ बस्ती होत गोरखपुर 23:00 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 01020 गोरखपुर से मुम्बई खातिर 30 अक्टूबर, 2024 के 00:45 बजे चली। एह ट्रेन में कुल 17 अनारक्षित कोच होई।

छपरा-नई दिल्ली स्पेशल ट्रेन:

छपरा से 05111 स्पेशल ट्रेन 28 अक्टूबर, 04 आ 11 नवंबर, 2024 के 14:00 बजे चली। ई ट्रेन मसरख, दिघवा दुबौली, थावे, तमकुही रोड, पड़रौना, कप्तानगंज, पिपराईच, गोरखपुर, खलीलाबाद, बस्ती, गोण्डा आ आउर स्टेशनन से होके नई दिल्ली 11:50 बजे पहुंची।

वापसी में 05112 नई दिल्ली-छपरा स्पेशल ट्रेन 29 अक्टूबर, 05 आ 12 नवंबर, 2024 के 12:50 बजे चली। एह ट्रेन में 23 कोच होई, जेमे साधारण द्वितीय श्रेणी, शयनयान श्रेणी आ वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के कोच सामिल बा।

एह स्पेशल ट्रेन के संचालन यात्रियन के सुविधा के ध्यान में रखत कइल जा रहल बा, ताकि ऊ त्योहारन के सुरक्षित आ सुविधाजनक यात्रा कs सके को। रेलवे प्रशासन यात्रियन से अनुरोध कइले बा कि ऊ अपना यात्रा के योजना बनावत समय एह स्पेशल ट्रेन के उपयोग करे लो।

Tags :
Advertisement