For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

पाटलिपुत्र-गोरखपुर एक्सप्रेस सप्ताह में 4 दिन रद्द रही: घने कोहरा आ खराब मौसम के देखत भइल निर्णय, 29 फरवरी के बाद परिचालन होई सामान्य

11:38 AM Dec 28, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
पाटलिपुत्र गोरखपुर एक्सप्रेस सप्ताह में 4 दिन रद्द रही  घने कोहरा आ खराब मौसम के देखत भइल निर्णय  29 फरवरी के बाद परिचालन होई सामान्य
Advertisement

मशरक-थावे-छपरा रेलखंड पs चले वाली 15079 आ 15080 पाटलिपुत्र-गोरखपुर एक्सप्रेस सप्ताह में 4 दिन निरस्त रही। एकर जानकारी रेल जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार प्रेस विज्ञप्ति जारी करत रहलें। डीपीआरओ कहलें कि रेलवे प्रसाशन घना कोहरा आ खराब मौसम से होखे वाली कठिनाइयन के कारण 29 फरवरी तक ट्रेन के संचालन रद्द कइले बा।

Advertisement

ट्रेन संख्या 15079 आ 15080 पाटलिपुत्र गोरखपुर एक्सप्रेस जवन गोरखपुर से चलके मशरक जंक्शन के रास्ते पाटलिपुत्र जंक्शन तक जाले। सप्ताह में 4 दिन तक निरस्त रही। ई ट्रेन छपरा के उत्तरी क्षेत्र आ गोपालगंज के पटना से जोड़े वाली एकमात्र ट्रेन हs।

एह दिनन चली ट्रेन

ऊ बतवलें कि पाटलिपुत्र से चले वाली 15079 पाटलिपुत्र गोरखपुर एक्सप्रेस हर हफ्ता के सोमार, बुध, सुक आ अतवार के निरस्त रही। ओहिजा गोरखपुर से चले वाली 15080 गोरखपुर पाटलिपुत्र एक्सप्रेस हर सोमार, बुध, सुक आ अतवार के निरस्त रही। जवन 28 फरवरी 2024 तक निरस्त रही। ऊ बतवलें कि हफ्ता के तीन दिन मंगर, बियफे आ सनीचर के 15079 आ 15080 अपना नियत समय पs चली। 29 फरवरी के बाद ई ट्रेन अपना पहिले समय के हिसाब से संचालित होखे लागी।

Tags :
Advertisement