टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Patna Bank Loot News: पंजाब नेशनल बैंक में दिनदहाड़े डकैती, पटना के एह शाखा में भइल बड़का कांड! पुलिस पहुंचल

01:03 PM Aug 05, 2024 IST | Khabar Editor
Advertisement

पटना न्यूज : जानकारी के मुताबिक सोमवार के पटना से सटल पालीगंज के दुल्हिनबाजार थाना क्षेत्र के कोरैया में स्थित पंजाब नेशनल बैंक के शाखा में अपराधी दिन दहाड़े बैंक में लूटपाट कइले। घटना के जानकारी मिलला के बाद दुल्हिनबाजार पुलिस मौका पs पहुंचल आ जांच में जुटल बिया।

Advertisement

फिलहाल बिहार के राजधानी पटना से बड़ खबर आवता, जहां पंजाब नेशनल बैंक में लूटपाट भइल बा। मिलल जानकारी के मुताबिक सोमवार के पटना से सटल पालीगंज के दुल्हिनबाजार थाना क्षेत्र के कोरैया में स्थित पंजाब नेशनल बैंक के शाखा में अपराधी दिनदहाड़े बैंक में लूटपाट कइले। घटना के जानकारी मिलला के बाद दुल्हिनबाजार पुलिस मौका पs पहुंचल आ जांच में जुटल बिया। बतावल जाता कि पंजाब नेशनल बैंक से करीब 21 लाख रुपया के लूटपाट भइल बा।

घटना के बाद पुलिस मौका पs पहुंच के बैंक डकैती के जांच शुरू कs देलस। बतावल जाता कि बैंक डकैती के ई बड़ घटना पालीगंज के दुल्हिनबाजार थाना क्षेत्र के कोरैया में स्थित पंजाब नेशनल बैंक के शाखा में सोमवार के बैंक खुलला के ठीक बाद भइल। फिलहाल पुलिस बैंक डकैती के मामला के अलग-अलग एंगल से जांच करतिया।

बता दीं कि हाल के समय में बिहार में डकैती के घटना में काफी बढ़ोतरी भइल बा। रोज कवनो ना कवनो बैंक, गहना के दोकान, मकान, सीएसपी सेंटर, पेट्रोल पंप में बड़का डकैती के घटना देखे के मिलेला। पिछला हफ्ता बिहार के पूर्णिया जिला में तनिष्क गहना के दुकान से तीन करोड़ रुपिया के सोना लूट लिहल गइल रहे।

अभी दु दिन पहिले गया में अपराधी एयरटेल कार्यालय में एगो कर्मचारी के गोली मार के करीब 14.5 लाख रुपया लूटले रहले। 15 जून के अररा के गजराजगंज थाना के चौकीपुर पासवान चौक पs ग्रामीण बैंक के सीएसपी से एक लाख बीस हजार रुपया के डकैती के घटना भइल रहे आ 8 जुलाई के सीएसपी से 3 लाख रुपया के लूट के घटना भइल रहे जगदीशपुर थाना क्षेत्र के कौरा स्टेट बैंक के।

Tags :
bank loot in patnabig breaking newsBihar Breaking NewsKhabar Bhojpur NewskhabarBhojpuriOfficialpnb bank newsPunjab National Bank
Advertisement
Next Article